हिन्दू अपना बेटियन के सम्हार के रखसु

by | Aug 31, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, मंगल, भादो अन्हरिया नवमी, 2078 विक्रमी)

जमीयत उलेमा-ए-हिंद के प्रमुख मौलाना अरशद मदनी काल्हि एगो बयान जारी करि के कहलन कि गैर-मुसलमानन लोग के चाहीं कि अपना बेटियन के को-एजुकेशन में मत पढ़ावसु. काहेंकि को-एजुकेशन में पढ़े वाली लईकियन के बहके के पूरा अनेसा होला आ एकरा खातिर बहकावे वाला लइकन के मारल पीटल गलत बा.

मौलाना मदनी लइकन खातिर कवनो सनेसा नइखन दिहले बाकिर सेकुलर माने कि गैर हिन्दू राजनीतिक गोलन के गोहार लगवले बाड़न कि हिंसा रोके खातिर कानून बनवावसु, खाली बयान दिहला से काम नइखे चले वाला.

अपना बयान में मौलाना मदनी कहले बाड़न कि भीड़ के हिंसा बाकायदा योजना बना के कइल जा रहल बा आ एकर मकसद मजहबी उन्माद बढ़ा के बहुसंख्यकन के अल्पसंख्यकन के खिलाफ करे के बा. उनुका हिसाब से अल्पसंख्यक मुसलमान होलें जबकि सचाई इहे बा कि देश के बड़हन इलाका में आजु मुसलमान बहुसंख्यक हो गइल बाड़े आ ओह इलाका के अल्पसंख्यक हिन्दुवन के कवनो सुरक्षा नइखे रहि गइल. बंगाल जइसन राज्यन में आए दिन सरकार हिन्दू रीति रिवाजन पर बन्दिश लगावत रहेले आ कई बार अदालत से राहत मिल पावेला हिन्दुवन के.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up