370 आवे भा मत आवे 370 लवटि ना

by | May 22, 2024 | 0 comments

सुप्रीम कोर्ट साफ बता दिहलसि कि जम्मू कश्मीर से संविधान के अनुच्छेद 370 का सहारे मिलल विशेष दर्जा रद्द करे वाला गोहारन पर ओकर दीहल फैसला एकदम सही रहल आ ओकरा पर फेर से विचार कइला के कवनो जरुरत नइखे.

जान जाईं कि पिछला साल 2023 दिसम्बर में मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़, न्यायाधीश संजय किशन कौल, न्यायाधीश संजीव खन्ना, न्यायाधीश बीआर गवई, आ न्यायाधीश सूर्यकान्त के पीठ 370 हटावे के फैसला संविधान सम्मत बतवले रहुवे. एह फैसला से विघ्नसंतोषियन के सपना पर कूड़ा डला गइल रहल.

एकरा बावजूद ऊ सब सोचलें कि मामिला के कउर बुताए मत दीहल राव आ सुप्रीम कोर्ट में पुनर्विचार याचिका डाल दिहले सँ. सोचले होखिहें सँ कि लोकसभा चुनाव का लगभीर में अगर अदालत के फैसला बदल के आ जाव त ओहनी के पौबारह हो जाई.

अब मुख्य न्यायाधीश डीवाई चंद्रचूड़, न्यायाधीश संजीव खन्ना, न्यायाधीश बीआर गवई, न्यायाधीश सूर्यकांत अउर न्यायाधीश एएस बोपन्ना के पीठ सगरी समीक्षा याचिका खारिज कर दिहलसि. पीठ के कहना बा कि 11 दिसंबर, 2023 का दिने दीहल फैसला पर फेर से विचार कइला के कवनो जरुरते नइखे.

जान जाईं कि पना फैसला में अदालत कहला रहुवे कि भारत संघ में शामिल होखत घरी जम्मू कश्मीर का लगे कवनो संप्रभुता ना रहल. राज्य के बाँट के ओकरा के दू गो केन्द्र शासित प्रदेश बनवलो में कही कवनो गलती ना रहल. हालांकि अदालत जम्मू कश्मीर में विधानसभा का चुनाव जल्दी से जल्दी हो जाए के चाहीं.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 13 गो भामाशाहन से कुल मिला के सात हजार तीन सौ अठासी रुपिया (7388/-) के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up