मन मोह लेबे वाला अभिनेता मनमोहन तिवारी के तारीफ के कसीदा चारो ओर गढ़ाए लागल बा आ खेसारीलाल यादव संगे मनमोहन तिवारी के शानदार अभिनय से सजल ‘सपूत’ सगरी बिहार में सफलता के डंका पीटत बिया. आदि शक्ति इंटरटेनमेंट के परोसल आ मुकेश पांडे निर्देशित एह फिलिम में खेसारीलाल यादव आ मनमोहन तिवारी के जोड़ी कमाल कर देखवले बिया, ई जोड़ी कबो हँसावत बावे त कबो रोआवत. एह फिलिम के सफलता से मनमोहन तिवारी बहुते खुश बाड़े.
(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)
0 Comments