..प्यार मोहब्बत दिल के बात होला आ बातन के का. केहू दिल से प्यार करेला त केहू दिमाग से. बाकिर प्यार कइल ना जाव बस हो जाला.
जी हँ, राजस्थानी सुपर स्टार अभिनेत्री .नेहाश्री सिंह अभिनीत आ जल्दिए रिलीज होखे जात भोजपुरी फिलिम ‘प्यार कवनो खेल ना ह‘ में इहे संदेश देबे के कोशिश भइल बा. एह फिलिम के केन्द्रीय भूमिका निभा में नेहाश्री सिंह एगो टूअर बेटी के किरदार में बाड़ी जेकरा अपना महतारी बाप के प्यार नसीबे ना भइल आ प्रियतमो के प्यार मिले में खतरा बा.
निर्माता निदर्शक राकेश कुमार अपना कंपनी राकेश सिने मिडिया प्रा. लि. के बैनर तले एह फिलिम ‘प्यार कवनो खेल ना ह‘ के बनवले बाड़े. पूरा तरह से एक्शन, रोमांस, स्वस्थ मनोरंजन आ सुने सुनावे लायक संगीर से सजल होखी ई फिलिम. एकर आडियो क्षेत्रीय संगीत के नंबर वन म्यूजिक कंपनी एंगल म्यूजिक पर जारी भइल बा. आडियो पहिलही से हिट हो गइल बा. एकर नौ गो गाना में खेसारीलाल यादव, विनोद राठोर, इंदु सोनाली, खुशबू जैन आ आलोक कुमार के आवाज बा. गीतकार हउवें महेश परदेशी, कृष्ण बेददी, आ श्याम देहाती. संगीत दिहले बाड़न एम. एम ब्रदर.
छायांकन बिरजू चौधरी, डांस विशाल, फ़ाइट पप्पू कराटे, मेकअप आर्टिस्ट धर्मवीर बाड़े एह फिलिम के. मुख्य भूमिका में .नेहाश्री, खेसारी लाल यादव, लाडो मधेसिया, अरुण कुमार, अनीता सिंह, सी.पी. भट्ट, मो. आरिफ, सिराज भगत आ उमेश सिंह वगैरह बाड़ें.
(अपना न्यूज)
0 Comments