भोजपुरी सिनेमा के प्राण हउवन संजय पांडे

by | Jul 27, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के प्राण मानल जाये वाला चर्चित खलनायक संजय पांडे गारी सुन के खुश होले काहे कि कवनो खलनायक खातिर इहे सबले बड़का अवार्ड होला. पिछला दिने गोरखपुर में पत्रकारन का साथ मेनका थियेटर में आपन फिलिम ‘औलाद’ देखे गइल संजय पाण्डे के मौजूदगी का बारे में दर्शक अनजान रहले. फिलिम का क्लाइमेक्स में जब निरहुआ संजय पांडे के जम के पिटाई करत रहले त दर्शक खुश होत रहले आ कुछ लोग संजय के गरियावतो रहल. पत्रकारन के सलाह रहे कि संजय के धीरे से सरक लेबे के चाहीं काहे कि दर्शक उनुका से नाराज बाड़े. ई सलाह सुन के संजय हँस पड़ले. बाद में जब दर्शक संजय पाण्डे के थियेटर से निकलत देखले त उहे दर्शक जे कुछ देर पहिले उनुका के गरियावत रहले खुशी से झूमे लगले. एगो दर्शक नदीम खुश हो के कहलस कि आप त भोजपुरिया सिनेमा के प्राण हईं. हम आपके हर सिनेमा देखीलें.

संजय पाण्डे अपना प्रशंसकन के आटोग्राफ दिहले आ कुछ लोग उनुका साथे फोटुओ खींचवावल. संजय पाण्डे का बारे में कहल जाला कि ऊ जवने फिलिम में होखेले तवने सुपर डूपर हिट हो जाले. साल 2010 के हिट फिलिम ‘दिवाना’, ‘लहरिया लूटा ए राजा’, ‘सईंया के साथ मड़इया में’, ‘सात सहेलियां’ अउर ‘देवरा बड़ा सतावेला’ का बाद एहू साल 2011 में संजय पाण्डे के रिलीज चारो के चारो फिलिम सुपर डुपर हिट भइल बाड़ी सँ. ‘दिलजले’, ‘होत बा जवानी जियान ए राजा जी’, ‘दुश्मनी’ आ ‘नाग नगीना’ एह साल के सबले बड़ हिट फिलिमन में शामिल बाड़ी सँ. संजय पांडे के एह साल अबही आवे वाली फिलिमन में निर्माता जे.पी. सिंह के ‘बजरंग’ आ निर्माता जितेश दुबे के ‘यादव पान भंडार’ खास बाड़ी सँ.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up