पैतृक संपत्ति में बेटी के अधिकार मँगीहें रिंकू घोष

by | Oct 19, 2011 | 0 comments

भोजपुरी फिल्म ‘सईंया ड्राईवर बीबी खलासी’ में भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा रिंकू घोष अपना किरदार में पैतृक संपत्ति में बेटी के अधिकार के बात उठइहें. पैतृक सम्पत्ति में बेटी के अधिकार के बात करे वाली ई पहिला भोजपुरी फिल्म होखी. हिंदीओ में एह मुद्दा पर बनल कवनो फिल्म जानकारी में नइखे. एह फिल्म में एहू बात के चरचा बा कि आजु पइसा कइसे हमनी के रिश्ता के गर्माहट कम करत बा. पइसा का पाछा भागत हमनी के समाज कतना संवेदनहीन हो गइल बा, वगैरह. बाकिर थोड़िका धन का लालच में अपना खून के रिश्ता ताक पर राख देबेवाला एह समाज में दुलरियो बिया जेकरा ला रिश्ता अबहियो पइसा से बढ़ि के बा, आ जे जियते रिश्ता ना मुअलो रिश्ता निबाहत बिया.

‘सईंया ड्राईवर बीबी खलासी’ फिल्म के कहानी में दुलरिया के पति के हत्या कर दिहल जात बा आ ओकर पिता ओकरा के नइहर वापिस ले आवत बाड़न. एहिजा ओकर दुनु भाई आ भउजाई ओकरा के बहुते प्यार से राखत बा बाकिर जसहीं पिता ओकरा गुजारा खातिर डेढ़ बिगहा ज़मीन दुलरिया का नामे कर देत बाड़न, उहे भाई-भउजाई ओकर दुश्मन हो जात बाड़े. तरह-तरह के उपाय से ओकरा के भगावे चाहत बाड़े जेहसे कि ओह लोग के जमीन बाचल रहि जाव. लेकिन उहे बहिन हर कदम पर अपना भाईयन के परिवार खातिर समर्पित रहत बिया.

मशहूर कहानीकार रामधारी सिंह दिवाकर के लिखल कहानी में बहुत जोड़-घटाव करके एगो निकहा पटकथा बनवले बाड़े निलय उपाध्याय. ऊ बहुते खूबसूरती से वर्तमान आ अतीत के पेश कइले बाड़न, अंजनी कुमार के निर्देशन बढ़िया बा आ फिल्म परिवार का साथे बईठ के देखे लायक बा.

फिल्म नवंबर में प्रदर्शित होखेवाली बा.


(स्रोत : शशिकांत सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up