रवि किशन तिकड़ी जमवलें

by | Nov 8, 2011

भोजपुरी फिलिमन के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के हालिया रिलीज़ “पियवा बड़ा सतावेला” बिहार में रिकोर्ड बनावे का राह पर बढ़ल जात बा. छठ के अवसर पर बिहार में रिलीज़ भइल एह फिलिम के जबरदस्त शुरुआत का साथही रवि किशन एह साल अपना सफल फिलिमन के तिकड़ी जमा लिहलें.

एह साल २६ जनवरी के रिलीज़ भइल उनुकर फिल्म “रामपुर के लक्ष्मण” का बाद उनकर अगिला फिल्म रहल “संतान” नौ सितम्बर के आ “फौलाद” सोलह सितम्बर के रिलिज भइल. “संतान” पारिवारिक फिल्म रहल त “फौलाद” मसाला फिल्म, आ दुनु के दर्शक बहुते पसंद कइलन. अब २ नवम्बर के रिलीज़ भइल “पियवा बड़ा सतावेला” के शुरुवात पिछला दुनु फिलिमन से बढ़िया बतावल जात बा.

पिछलको साल सबसे बड़हन हिट फिल्म “देवरा बड़ा सतावेला” में भी रवि किशन आ रानी चटर्जी के जोड़ी रहुवे. अब “पियवा बड़ा सतावेला” फिल्मो में ऊहे जोड़ी बा आ कहल जात बा कि एहू फिल्म के वइसने सफलता मिले जा रहल बा. बहरहाल “पियवा बड़ा सतावेला” के मिलल जबरदस्त शुरुवात से भोजपुरी फिल्म जगत में ख़ुशी के माहौल बा.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up