जब डबिंग में रो पड़लन अजय दीक्षित

by | Nov 13, 2011

भोजपुरी सिनेमा के बेटवा बाहुबली माने कि एक्शन स्टार अजय दीक्षित भोजपुरिया परदे पर भलही एक्शन दृश्य में गुंडन पर वार करत खूंखार लउकेलें, लेकिन रियल लाइफ में ऊ बहुते इमोशनल हउवन. एकर ताज़ा उदाहरण हालही में निर्देशक ए.आर.एस.सरकार के फिल्म “बागी” के डबिंग में देखे के मिलल. लीक से हटके मात्र बीस घंटा के अनोखा कहानी वाली एह फिल्म के डबिंग पिछला दिने मुंबई में चलत रहे. एगो सीन में बाप बेटा के बातचीत रहुवे. एगो मजबूर बाप आ ओकरा बागी बेटा के एह संवाद में अजय दीक्षित एतना भावुक हो गइलन कि उनुका आँखि से लोर बहे लागल. अजय दीक्षित के मन:स्थिति समुझत निर्देशक अजय दीक्षित कुछ देर ला डबिंग रोक दिहलन.

अजय दीक्षित बतवले कि एह फिल्म के कई दृश्य अइसन बा जवना के देख दर्शक आपन रोवाई ना रोक पइहें. ईंट भट्टा पर काम करे वाला मजदूरन पर बनल इस फिल्म में अजय दीक्षित का साथे नवोदित अभिनेत्री रानू पाण्डे मुख्य भूमिका में बाड़ी. निर्माता शकील खान – मंसूर आज़मी के एह फिल्म के बाकी कलाकारन में विजय खरे, सीमा सिंह, श्रवण सक्सेना, मनोज दवेदी, रोज़ा, विजय शुक्ला, शंकर सिंह वगैरह के नाम खास बा,

फिलहाल एह फिल्म के पोस्ट प्रोडक्शन काम चालू बा आ जल्दिये फिल्म रिलीज खातिर तइयार हो जाई.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up