शूटिंग में ट्रक से लड़ल कार : घवाहिल भइलन रवि किशन

by | Nov 20, 2011

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन शनिचर का दिने भोर में बनारस में होखत हिंदी फिल्म “इसक” का शूटिंग के दौरान ट्रक चालक के लापरवाही का चलते घवाहिल हो गइलन. हालांकि अस्पताल गइला पर पता चलल कि कहीं कवनो फ्रैक्चर नइखे भइल बाकिर चोट लागल बा. मरहम नBट लागल बा. मरहम पट्टी का बाद उनुका के अस्पताल से छूट्टी मिल गइल बाकिर डाक्टर कुछ दिन आराम करे के कहले बाड़े.

रवि किशन आजुकाल्ह प्रतीक बब्बर का साथे बनारस में “इसक” के शूटिंग करत बाड़े. शनिचर का भिनसहरा ब्रिज पर शूटिंग चलत रहुवे. सीन का मुताबिक रविकिशन के इंडीवर गाड़ी आ सामने से आवत ट्रक के तय जगहा रुके के रहे. लेकिन शॉट का दौरान ट्रक के ड्राइवर समय पर ब्रेक ना लगा पवलसि आ रवि किशन की इन्डीवर गाडी के टक्कर मार दिहलसि. भिडंत काफी तेज रहल. हालात भाँपत रवि किशन निकल जाये के कोशिश कइलन बाकिर उनुका गोड़ में गंभीर चोट लागिये गइल. तत्काल डॉक्टरी मदद लिहल गइल.

दुर्घटना का बारे में बतावत रवि किशन कहलन कि एक छन खातिर त लागल कि मौत सामने आ के खाड़ बा बाकिर बाबा विश्वनाथ का कृपा से उनुका बेसी चोट ना लागल.

एह हादसा का खबर से भोजपुरी फिल्म जगत सन्न रह गइल आ सभे रविकिशन के जल्दी से ठीक हो जाये के दुआ मँगले बा.


(स्रोत – उदय भगत)

Loading

0 Comments

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up