‘तोह पे दिल आईल बा’ के संगीत मुहूर्त भइल

by | Mar 29, 2012 | 0 comments

एस.एम. गनी प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘तोह पे दिल आईल बा’ क भव्य संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने मुंबई, अंधेरी (पश्चिम) के जिप ट्रैक रिकार्डिंग स्टूडियो में इंदू सोनाली के गावल गीत से करावल गइल. एह मौका पर नारियल तूड़े के रस्म डांसिंग क्वीन सीमा सिंह कइली.

फिल्म में आठ गो गाना बावे जवना के शोहरत शेख, मनीष मिश्राम अमित, शौकत आ राजेश लिखले बाड़े. संगीत हवे मनोज आर्यन के. आ आवाज बावे इंदू सोनाली, राजा हसन, पलक, खुशबू जैन आ राजेश राज के.

निर्माता तनवीर शेख, निर्देशक मेराज खान, लेखक शोहरत शेख, कैमरामैन दिलीप जॉन, नृत्य संतोष कुमार आ एक्शन दिलीप यादव के बा. कलाकारन में नवोदित तनवीर शेख, गीत शाह, शोहरत शेख, समीर शेख, ऋतु ढिल्लन, रवि शंकर पांडे, सलाउद्दीन, पार्वती सिंह आ आनन्द मोहन के मुख्य भूमिका बा. सीमा सिंह के आइटम नंबर रही.

निर्देशक मेराज खान बतवले कि ई फिल्म प्रेम कहानी हवे. एहमें प्रेम तमाम बाधा पार करत आखिर में जीत हासिल करत बा.
फिल्म के शूटिंग बिहार का सिवान आ यूपी के कुशीनगर में अगिला महीना से शुरू होखी.


(समरजीत के रपट से)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up