सिनेमा भोजपुरी सिनेमा के बढ़ावे में लागल "नरजिस म्यूजिक"

by | Apr 20, 2012 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा उद्योग के सुनहरा दौर में फिलिमन के वितरण का साथे साथ संगीतो के बिजनेस बड़हन मायने राखत बा. बाकिर अफसोस एह बाति के कि बड़की संगीत कंपनी भोजपुरी फिलिमन का साथे मयभावत, माने कि सौतेला, बेवहार करत बाड़ी सँ. मुनाफा त दूर ओह पर भइल खरचो ना द सँ आ कवनो ना कवनो बहाना से हाथ झाड़ लेबेली सँ. अइसना में निर्माता लोग चिंतित रहेलें कि कवनो कंपनी के म्यूजिक बेचल जाव जेहसे फिलिम के संगीत जनता ले चहुँपे आ कुछ फायदो हो जाव.

अइसनके सवालन के जवाब बनि के आइल बा सुपर हिट फिल्म “रंगबाज़” से चर्चा में आइल अभिनेता हैदर काजमी आ उनुकर म्यूजिक कम्पनी “नरजिस म्यूजिक”. नरजिस म्यूजिक के मकसद निर्माता लोगन के जागरूक करे के बा कि फिल्म संगीत के बाजार घटल नइखे बलुक बढ़ गइल बा. अलग बाति बा कि ई बाजार सीडी भा डीवीडी बिकइला से नइखे बनल. ई बाजार हवे कॉलर ट्यून डाउनलोड के. बड़की कंपनियन के फरक-दलाली से बचीं आ आपन म्यूजिक तरीका से रिलीज करीं त फायदा मिले से केहू रोक ना सकी.

हैदर काज़मी चूंकि खुदे निर्माता हउवें से ऊ निर्माता लोग के दुखदर्द समुझेले. नरजिस म्यूजिक के आपन वेबसाइट आ डिजिटल चैनलो बा जवना का माध्यम से फ्री में प्रचार प्रसार कइल जाला. दोसरे सगरी मोबाइल सेवा प्रदाता कंपनी नरजिस म्यूजिक के पार्टनर बाड़ी सँ. नरजिस म्यूजिक अबही ले एलान, रंगबाज़, रानी के राजा से प्यार हो गईल, कालिया, भाई जी, लागी ऐसी लगन, डाक्टर बाबू, हमार संगी बजरंगी आ घायल शेर वगैरह अनेके फिलिमन के म्यूजिक रिलीज कर चुकल बिया.

मई महीना में नरजिस कंपनी “साईं आया तेरे द्वार” आ “चालीसा संग्रह” के वीडीओ बाजार में उतारे वाली बा.


(अपना न्यूज के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up