‘कालिया’ के फस्ट लुक तहलका मचवलसि

by | Apr 22, 2012 | 0 comments

शिवराम यादव निर्देशित हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह अभिनीत फिल्म ‘कालिया’ के फस्ट लुक भोजपुरी सिनेमा वर्ल्ड में हड़कंप मचा दिहले बा. एसीसी डिजिटल प्रा॰लि॰ के फिल्म ‘कालिया’ का फस्ट लुक ट्रेड मैग्जीनन का कवर पर छपल जवना में हथकड़ी लागल ‘कालिया’ अलगे अंदाज में लउकत बा. एह फर्स्ट लुक ला हैदर काजमी अपना डिजाइनर अशोक मेहता आ गोपाल मेहता अउर निर्देशक शिवराम यादव का साथे कांसेप्ट बनवलन.

भोजपुरी सिनेमा में अइसन पहिला बेर भइल जब तीन दिन ले मंहग लाईट आ सेट पर एह फर्स्ट लुक के शूट कइल गइल जेहसे लोग के लागे कि ‘कालिया’ का ह. हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह पर फिल्मावल एह फोटो दलित शोषित समाज के एगो झलक मिलत बा. फेर प्रचारक शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा का साथे मिलके योजना बनल कि एह फर्स्ट लुक के कब जारी करे क बा. आ अब जब ‘कालिया’ के फर्स्ट लुक लोग का सोझा बा सभे एह लुक के खूब पसंद करत बा.

फिल्म ‘कालिया’ के निर्माण ‘रंगबाज’ जइसन हिट फिल्म देबे वाली कंपनी एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. कइले बिया. कलाकारन में हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह, सी.पी. भट्ट, राकेश यादव, सुमित बनर्जी, पूजा यादव, कृष्ण मुरारी, शैलेश सिंह राणा, सुषमा सिन्हा, निलोफर, राम मिश्रा, अलीशा, विपिन सिंह, बालेश्वर सिंह आ अनिल यादव बाड़े. संवाद मनोज पांडे, एक्शन रियाज सुल्तान, गीत अरविंद तिवारी, संगीत अग्नेश, कैमरा मनीष के. जैन, को-प्रोड्यूसर मशर्रफ अहमद, एसोसिएट प्रोड्यूसर ए.एच. काजमी, ध्वनिमुद्रण सलीम खान आ कला निर्देशक आशीष कोलटे.


(शशिकांत, रंजन, अरुण के ब्रेकिंग मैक्स मीडिया के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up