धूम धाम से लॉन्च भइल "गंगादेवी" के फर्स्ट लुक

by | May 7, 2012 | 0 comments

ढेरे दिन से सुर्खियन में रहल निर्माता दीपक सावंत आ निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के भोजपुरी फिलिम “गंगा देवी” के फर्स्ट लुक मीडिया क सोझा लॉन्च कइल गइल. एह मौका पर फिल्म से जुड़ल सगरी सदस्यन दिनेशलाल यादव निरहुआ, पाखी हेगड़े, गिरीश शर्मा, संगीतकार मधुकर आनद, कोरियोग्राफर पप्पू खन्ना के अलावा सैकड़ों मीडिया कर्मी मौजूद रहले. समारोह के ख़ास आकर्षण रहलन बॉलीवुड के बैड मैन गुलशन ग्रोवर जे पहिला बेर एह फिलिम से सिनेमा भोजपुरी में आपन डेग बढ़वले बाड़े. एकरा अलावे एह फिलिम में अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन के जोड़ीओ पहिला बेर भोजपुरिया दर्शकन का सोझा होखी.

निर्माता दीपक सावंत क मुताबिक़ उनुकर फिल्म भोजपुरी दर्शकन के पहिला बेर उनुका वास्तविक समस्यन से रू-ब-रु कराई. निर्देशक अभिषेक चड्ढ़ा के मुताबिक़ “गंगा देवी” समाज में औरतन के स्थितियन के चित्रण कइले बिया.

फर्स्ट लुक लॉंचिंग का एह मौका पर गुलशन ग्रोवर भोजपुरी समाज के शान में खूब कसीदा गढ़ले आ फिल्म बनत घरी अपनावल सहयोगी रुख ला अपना साथी कलाकारन से आभार जतवलें. सामाजिक मुद्दा पर बनल फिल्म “गंगा देवी” के बेसी से बेसी दर्शकन ले चहुँपावे खातिर एह फिल्म के हिदी संस्करण “श्रीमती नेताजी” के नाम से रिलीज होखे वाला बा.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up