महाराष्ट्र हमार जन्मभूमि आ भोजपुरी कर्मभूमि ह – पराग पाटिल

by | Jul 14, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी खातिर गौरवे के बात बा कि अब दोसरो भाषा के निर्माता निर्देशक भोजपुरी में फिल्म बनावे का काम में अगुआ बनत बाड़ें. महाराष्ट्र का गोदी में पलल बढ़ल आ अनेके हिट हिंदी आ मराठी धारावाहिकन के सफल निर्देशक पराग पाटिल अब भोजपुरी सिनेमा में पूरा तरह से लाग गइल बाड़ें. रानी चटर्जी आ शिवम तिवारी स्टारर भोजपुरी फिल्म ‘फौजी’ से चरचा में आइल निर्देशक पराग पाटिल आजु भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री में चर्चित आ व्यस्त निर्देशक बन गइल बाड़ें.

पराग पाटिल निर्देशित हिंदी धारावाहिक ‘हरे कांच की चूड़ियाँ’ (सहारा वन पर), ‘यहीं तो वो’ (स्टार वन पर), आ ‘कभी तो नज़र मिलाओ’ (सोनी टी.वी. पर) वगैरह का अलावे मराठी धारावाहिक ‘मनु उधान वाराच्ये’ आ ‘फिरनी नवी जन्मेन मी’ (स्टार प्रवाह पर), अउर ‘दोन किनारे’ (ई टी.वी. मराठी पर) वगैरह से पराग के बहुते लोकप्रियता मिलल.

भोजपुरी से पराग पाटिल के लगाव बचपने से रहल बा. उनुकर अधिकतर दोस्त भोजपुरिया रहलें आ कालेज का छुट्टियन में ऊ कबो उत्तर प्रदेश त कबो बिहार चल जाइल करसु. पराग पाटील का नजर में भोजपुरी आ मराठी संस्कृति में कवनो फरकाव नइखे. एही कारण मराठी भाषी होखतो उनका भोजपुरी भाषा से बेसी प्रेम रहल बा.

अगो सवाल का जवाब में पराग पाटिल बतवलें कि ऊ ‘मैजिक टी.वी.’ के चर्चित भोजपुरी धारावाहिक ‘कैप्टन किशोरी लाल’ के निर्देशन कइले रहलें, जवना में मुख्य भूमिका करे खातिर शिवम तिवारी के उहे चुनले रहलें. ओकरा बाद उनुका पाटिल के बतौर निर्देशक बहुत पसंद आइल त अपना होम प्रोडक्शन के पहिलका भोजपुरी फिल्म ‘फौजी’ के निर्देशन करे के ऑफर दिहलन. एह फिल्म में केद्रीय भूमिका में शिवम तिवारी के अलावा रानी चटर्जी, मनोज टाईगर, सुदीप पाण्डेय, सुधीर दलवी, माया यादव, समीर शेख आ दीपक भाटिया वगैरह रहलें.

हिंदुस्तान का सीमा पर तैनात ‘फौज के सिपाही’ के जीवन पर आधारित ई फिल्म ‘फौजी’ मशहूर प्लेबैक गायक उदित नारायण के बहुते नीक लागल त उनका बैनर ‘यू.डी.मूवी’ से एह फिल्म के प्रस्तुत कइल गइल. फिल्म कें बिहार, यूपी आ मुंबई में बढ़िया बिजनेस मिलल.

अबहीं पराग पाटिल निर्माता अभय सिंह के फिल्म ‘मैदाने जंग’ के शूटिंग पूरा कर लिहले बाड़ें. एहमें विराज भट्ट, प्रिया शर्मा, पल्लवी सिंह, संजय वर्मा अउर दीपक भाटिया बाड़ें. हाल ही में पराग पाटिल के निर्देशन में बने जात फिल्म ‘डर’ के संगीतमय मुहूर्त भइल. एह फिल्म के निर्माता अभय सिंह, संगीतकार छोटे बाबा आ गीतकार राजेश मिश्रा अउर अशोक सिन्हा हउवें. मुख्य भूमिका में पल्लवी सिंह बाड़ी. एकरे अलावे निर्माता मुन्ना सिंह के फिल्म ‘जय बजरंग बाली’ के निर्देशनो परागे पाटिल करे जात बाड़ें. एह फिल्म के संगीत रचात बा. दुनु फिलिमन के शूटिंग नवम्बर दिसम्बर में कईल जाई.


(अपना न्यूज़ के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up