‘मुखिया जी के बेटा से प्यार हो गइल’ के भव्य मुहूर्त

by | Jul 16, 2012 | 0 comments

आम्रपाली फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बने जात भोजपुरी फिल्म ‘मुखिया जी के बेटा से प्यार हो गइल’ के भव्य मुहूर्त पिछला दिने मुजफ्फरपुर (बिहार) के विजय लक्ष्मी पैलेस में करावल गइल. सुरंजन आर्ट इन्टरनेशल के प्रस्तुति एह फिल्म के निर्माता आर.एन. राय आ निर्देशक कुमार विकल हउवें. लेखक-निर्देशक आ प्रख़्यात पत्रकार रहल कुमार विकल ‘रखीहऽ लाज अंचरवा के’ जइसन सफल बहुचर्चित फिल्म, कुछेक सीरियल आ अनेके भोजुपरी-हरियाणवी एलबम दे चुकल बाड़ें. एह फिल्म के पटकथा आ संवादो कुमार विकल के लिखल बा जबकि कहानी लिखल ह रामजनम ‘अकेला’ के.

कलाकारन में प्रदीप उजाला, श्रीकनकनी, कलिका, डा. रणवीर, सतीश साहनी, कामिनी, अमन मधुवनिया, पप्पू, अभिमन्यु, अर्चना सिंह, पूजा राय, रवि रंगम, के.के. गोस्वामी, नारायन कबीर, रामजनम ‘अकेला’, सचिन कुमार वगैरह के नाम बा.

मुहुर्त का मौका पर मुख्य अतिथि रहलें राज्यसभा सांसद अनिल साहनी, आ मौजूद रहलें शौर्य चक्र विजेता सुखदेव प्रसाद साहनी, काहे बँसुरिया बजवलऽ के निर्माता प्रदेश कुमार सर्राफ, संगीतकार अशोक घायल, कलाकार के.के. गोस्वामी वगैरह.

फिल्म का बारे में बतावत कुमार विकल के कहना रहल कि आजु का समाज में कुछ मुखिया भठियारा हो गइल बाड़ें. एह फिल्म का जरिए ओह लोग के सुधारे के कोशिश कइल जात बा. लेखक-निर्देशक कुमार विकल के फिल्म ‘तोहरे से बिआह करब’ आ ‘काहे बांसुरिया बइवलऽ’ बनके तइयार बा आ ‘शिव गुरु महिमा’ बिहार में रिलीज होखे वाली बा. शिव गुरु महिमा ओही पावन भूमि तुर्की (कुढ़नी, मुजफ्फरपुर) में बनावल गइल बा जहवाँ शिवचर्चा के प्रवर्तक भाई हरेन्द्रानंद जी के दिव्य ज्ञान मिलल रहुवे.


(समरजीत के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up