दुर्गापुर की बंगाली बाला पूर्वा भोजपुरी सिनेमा में खेसारी लाल का संगे

by | Aug 23, 2012 | 0 comments

जइसे बंगाली बाला मोनालिसा आजु अपना अभिनय से भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज में आपन लोहा मनवावत आपन एगो अलगे पहचान बनवले बाड़ी वइसहीं एगो अउर बंगाली बाला आपन जलवा देखावे भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्रीज में आइल बाड़ी. इनकर नाम हवे पूर्वा.

दुर्गापुर, वर्द्धमान, पश्चिम बंगाल के रहेवाली पूर्वा संतोष बिट के बेटी हई आ स्नातक के पढ़ाई पूरा कर के सिनेमा भोजपुरी में डेग धइले बाड़ी आपन पहिचान बनावे खातिर.

एहिजा आवे से पहिले पूर्वा अपना गुरु मदन घोष के थिएटर में दू साल ले काम कइले रहली. पूर्वा में अभिनय प्रतिभा भरपूर बा. प्रशांत नंदा के “बंधु” नाम के बंगला फिलिमो में पूर्वा अभिनय कइले रहली त निर्देशक बृजपाल के ’बिहार वाला सईंया’, राणा के ‘तोसे लागी लगन’, श्रीधर शेट्टी के ‘खूनी दंगल’ आ ‘मंगल फेरा‘ फिलिमो में पूर्वा अपना शानदार अभिनय के तारीफ करवा चुकल बाड़ी.

पूर्वा के शुरुआती सफर बहुते कष्ट वाला रहल तबो अपना इरादन पर अंडिग रहत पूर्वा आपन सपना पूरावे में लागल रहली आ आखिरकार अपना मंजिल का तरफ बढ़िए आइल बाड़ी जहाँ सभे चहुँपल चाहेला. तबहियों पूछला पर पूर्वा के जवाब इहे रहेला कि ई त बस शुरुआत ह. सफर त अबहीं बाकी बा. अबले जवन कइले बानी तवन बहुते कम बा. अबहीं त अभिनय के बारीकी सीखत आगे बढ़े के बा.

पूर्वा के इरादा सिनेमा भोजपुरी का साथही हिंदीओ सिनेमा में आगे बढ़े के बा. पूर्वा के तीन गो बड़का स्टारन संग फिलिम जल्दिए रिलीज होखे वाला बाड़ी सँ. एहमें खेसारीलाल यादव संगे ’हवा में उड़ता जाए तोहार लाल दुपट्टा मलमल के’, एक्शन सम्राट सुदीप पांडे आ विनय आनंद संगहु फिलिम आवे वाला बाड़ी सँ. कहल जात बा कि अपना अभिनय के दम पर पूर्वा जल्दिए स्टार अभिनेत्री के मुकाम हासिल कर लीहें.

पूर्वा के सपना बा कि उनुका अभिनय के वइसने तारीफ होखे जइसन काजोल के होला.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up