मुंबई में सीमा सिंह के डबल धमाका

by | Aug 27, 2012 | 0 comments

एह शुक का दिने सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के जलवा मुंबई के सिनेमाघरांन में देखल बनी. एह हफ्ता उनकर दू गो फिलिम मुंबई में रिलीज होखे वाला बा. एगो फिलिम ‘बजरंग’ के निर्माता जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो हउवें. मुख्य भूमिका पवन सिंह, अक्षरा सिंह आ संजय पांडे के बा. दुसरकी फिलिम हवे ‘गोला बारूद’ जवना खातिर सीमा सिंह पर भव्य पैमाने पर चिकनी चमेली से मिलत जुलत गाना मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में एगो भव्य सेट लगाके करीब दू सौ डांसरन संग फिल्मावल गइल बा. एह गाना में सीमा सिंह के साथे बाड़ें मनोज टाईगर आ अवधेश मिश्रा बाड़ें. नृत्य निर्देशक रहलें पप्पू खन्ना.

बतावल जात बा कि एह गाना खातिर सीमा सिंह बहुते मेहनत कइले रही एतना कि उनकर पीठ छिला गइल रहे. पांच दिन ले चलल एह भोजपुरिया चिकनी चमेली खातिर ग्रीन चिली इंटरटेनमेंट करीब 30 गो लाइट, आ जिमी जिप कैमरा के इस्तेमाल कइलसि. सीमा सिहं ला बनावल खास मराठी डिजाइन के ड्रेस पर कई लाख रुपिया लागल रहुवे.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे -
भा
सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up