भोजपुरी फिलिम ‘अग्नि’ के संगीतमय मुहूर्त

by | Sep 28, 2012 | 1 comment

अग्नि क्रिएशन के बैनर तले बने जात ‘अग्नि’ के संगीतमय मुहूर्त पिछला दिने चार बंगला, म्हाडा के स्वरलता रिकार्डिंग स्टूडियो में करावल गइल. एह मौका पर संगीतकार शत्रुघ्न के निर्देशन में गायिका वर्षा तिवारी के आवाज़ में एगो रोमांटिक गीत रिकार्ड भइल. वइसे एह फिल्म में आठ गो गाना बा जवना के गीतकार हउवें प्यारे लाल यादव आ गौतम. निर्देशक ए.एस. नाथन कथा आ पटकथो लिखले बाड़न. कोरियोग्राफर मुर्गन, एक्शन वाली तेजा आ कैमरामैन विलियम्स.

एह फिलिम ला मनोज पाण्डे, मनोज टाइगर आ अर्पिता माली के चयन हो गइल बा. नायिका आ बाकी कलाकारन के चुने के काम चलत बा.

फिल्म के बारे में निर्देशक ए.एस. नाथन बतवलन कि एगो एक्शन फिल्म ह जवना का जरिए नवहियन के एगो संदेशा दिहल जाई. एह फिलिम में पहिला बेर भोजपुरी में साउथ इंडियन स्टाइल के एक्शन देखे के मिली.

मुहुर्त पर बिरहा सम्राट अभिनेता विजय लाल यादव, दीपक भाटिया, बालेश्वर सिंह, गोपाल राय, धर्मेश, लल्लन सिंह, नूर कुरैशी, शिवांशु पाण्डे, अशोक जैन, दक्षिण भारत के ‘थीना ठंडी’ अखबार के पत्रकार दुरई आ अउरिओ खासमखास लोग मौजूद रहल.


(स्रोत समरजीत)

Loading

1 Comment

  1. deepak chuhan

    VERIY GOOD

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up