अक्षरा सिंह के एगो नया रूप

by | Oct 6, 2012 | 0 comments

सिनेमा भोजपुरी के जानल मानल अभिनेत्री अक्षरा सिंह खाली परदे पर दर्शकन के दिल ना जीतसु. परदा का पाछहूं ऊ अपना निस्वार्थ भाव से समाजसेवा में लागल रहेली. हालही में ई देखे के मिलल अक्षरा के नानी सुषमा पंडा के देहांत का बाद. नानी का गमी में आ उनुका के श्रद्धांजलि देबे ला अक्षरा रांची के बहु बाज़ार स्थित ब्लाइंड स्कूल गइली आ ओहिजा के बचवन क साथ ढेर देर ले रहली, ओहनी के भोजन आ उपहार दिहली, देर ले बतियवली आ स्कूल के हर कार्यक्रम में आवे के वादा कइली.

अक्षरा सिंह बतवली कि ई सब कुछ के अनुभव उनका के बहुते सुकून दिहलसि. आपन आँख गँवा चुकल बचवन के दोसरा बचवन का मुकाबले बेसी प्यार के जरूरत होला. काहे कि ऊ त दोसरे के आँख से दुनिया के देखे समुझे के कोशिश करेलें. कहली कि ऊह बचवन में अनेके प्रतिभाशाली बच्चा लउकलन स जवनन का गला में माता सरस्वती बसल बाड़ी. एह बचवन से मिलला का बाद अक्षरा सिंह कुष्ठ रोगियनो के भोजन करवली.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up