मधुप श्रीवास्तव के मिलल भिखारी ठाकुर सम्मान

by | Dec 24, 2012 | 0 comments

madhup-pro
औराई गाँव निवासी पप्पु श्रीवास्तव आ अनीता श्रीवास्तव के सुपुत्र मधुप श्रीवास्तव के लोकनाट्य सम्राट भिखारी ठाकुर के 125 वाँ जयंती के मौका पर कुतुबपुर, छपरा में आयोजित जयन्ती समारोह में भोजपुरी फिल्म पत्रकारिता में विशेष योगदान खातिर भिखारी ठाकुर सम्मान-2012 से सम्मानित कइल गइल. उनुका के गीतकार आ फिल्म निर्मात्री डॉ रंजू सिन्हा आ भिखारी ठाकुर संस्थान के अध्यक्ष ललन राय अउर सचिव कृष्ण कुमार वैष्णवी के हाथे सम्मानित कइल गइल.

मधुप बतवले कि ई सम्मान उनुका माता-पिता, बड़का भाई अनूप श्रीवास्त, रिश्तेदार आ हीत मीत के प्यार अउर आशीर्वाद के फल ह. मधुप वास्तव भोजपुरी फिलिमन के बढ़न्ती ला एकर कमी उजागर करे खातिर फिल्म सेंसर बोर्ड मे आरटीआई डलले रहले जवना के पूरा जबाब आजु ले सेंसर बोर्ड नइखे दे पवले. मधुप भोजपुरी फिल्म इंडस्ट्री की आवाज नाम से एगो गोल बना के फिल्म इंडस्ट्री का बारे में चर्चा परिचर्चा करत रहेले. देश-विदेश के मीडिया में भोजपुरी सिनेमा के खबरन के प्रकाशन ला मधुप हमेशा लागल रहेले. सम्मान पा के मधुप बहुते खुश बाड़े आ कहत बाड़े कि अब अउर जोरदार तरीका से एह काम में लगीहें.


(रामचन्द्र यादव)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up