रिंकू रीना मोना पाखी में से के बनी चालबाज ?

by | Jul 31, 2011 | 0 comments

भोजपुरी सिनेमा के इतिहास में पहिला बेर चालबाज आ सीता गीता लेखा फिलिम खातिर मुँहमाँगा दाम पर हीरोइन के तलाशल जा रहल बा. आ चुने के जिम्मेदारी दिहल जा रहल बा आम आदमी के. ओकरा से बिहार आ यूपी का अखबारन में विज्ञापन दे के पूछल जाई कि रिंकू घोष, रानी चटर्जी, मोनालिसा, आ पाखी हेगडे में से केकरा के भोजपुरी सिनेमा में श्री देवी आ हेमामालिनी जइसन चालबाज भूमिका दिहल जाव.

अखबार का अलावे इंटरनेट आ फेसबुक जइसन सोशल साइटो के सहारा लिहल जाई. जवन नायिका के आम जनता के बहुमत के राय से चुनल जाई ओकरा के पहिला बेर कवनो भोजपुरी सिनेमा में नायिका के डबल रोल करे के मौका मिली. ओह नायिका के मुँहमाँगा दाम आ पैकेजो दिहल जाई. श्रीदेवी आ हेमा मालिनी जइसन ड्रीम रोल करे के मौका मिली से उपर से.

एह फिल्म के निर्माण दक्षिण के निर्माता गुड्डू रामा करीहे. गुड्डूरामा के कहना बा कि उनुकर दिली ख्वाहिश बा कि भोजपुरी में चालबाज जइसन कवनो फिलिम बनावसु बाकिर सबले बड़ दिक्कत इहे बा कि एह चुनौतीपूर्ण भूमिका खातिर केकरा के चुनल जाव. एही चलते सिनेमा दर्शकन के राय लिहल जा रहल बा. कहले कि लोग के चाहीं कि अइसन नायिका के चुनसु जेकरा में गंभीरतो होखे आ चुलबुलोपन, आ साथ ही साथ ग्लैमरो भरपूर होखे. जेकरा के लोग चुन दी ओकरा के मुँहमाँगा दाम पर साइन कइल जाई.

अब इन्तजार कइल जाव आ देखल जाव कि केकरा किस्मत में आवत बा अइसन ड्रीम रोल.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up