हम पब्लिक के आदमी हईं, कहेलें खेसारीलाल

by | Dec 5, 2013 | 0 comments

Khesari-with-film-unitमनोज तिवारी, निरहुआ आ पवन सिंह का बाद गायक से नायक बनल बाड़े खेसारी लाल. एगो गरीब परिवार के लड़िका आजु भोजपुरी के बड़का स्टार बन गइल बा आ पूरा इंडस्ट्री के इनका प नाज बा. पेश बा खेसारीलाल से भइल बातचीत के कुछ हिस्सा –

अपना पहिलके फिलिम ‘साजन चले ससुराल‘ से फ्लॉप होखत इंडस्ट्री में जान फूंकनी. ओकरा बाद रउरा सोझा फिलिमन के लाइन लाग गइल.
एह मामिला में हम खुशनसीब बानी. ई आलोक कुमार जी के फैसला रहल कि हमरा फिलिम में आवे के चाहीं. ओकरा पहिले हम गाइकी में रमल रही, खुशो रहीं. जगह-जगह शो क के लोग के मनोरंजन करत रहीं. आजुओ शोए करत बानी. खुश बानी कि इंडस्ट्री हमरा के पसंद कइलसि, मान दिहलसि. हमहू जीतोड़ मेहनत कइनी. आ एहि मिल जुल के भइल कोशिश के नतीजा ह कि ‘जान तेरे नाम‘, ‘देवरा पे मनवा डोले‘, ‘दिल ले गई ओढ़निया वाली‘, ‘नागिन‘, ‘लहू के दो रंग‘, ‘प्यार झुकता नहीं‘, ‘तेरी कसम‘, ‘संसार‘ वगैरह फिलिम हमरो के कामयाबी के स्वाद दिहली सँ.

अब रउरा जिनिगी में शो के कतना महत्व बा ?
शो अबहियों करीलें. एकरा ला हमरा फिलिम छोड़े पड़ी त छोड़ देब. हम पब्लिके के बीच के आदमी हईं. गाना गाके ओह लोग के झुमाइले नचाइले. ओहल लोग के मनोरंजन करीले. आजु जवने कुछ बानी ओही लोग का बदौलत, ओह लोग से दूर होखे के सोचिओ ना सकीं. सीनियर एक्टर लोग से सीखले बानी कि कैमरे का सोझा कइसे रहल जाला. दर्शक हमरा के परदो प रियल लुक में देखल चाहेलें, पनरहियन फिलिमन में हम मेहरारूओ के रूप धइले बानी, सगरी फिलिम हिट रहली स. हमरा अफसर भा बड़का आदमी बनल नीक ना लागे. ओहमें सहज ना रह पाईं. असल जिनिगी में भईंस चरवले बानी. गरीबी से लड़े खातिर लिट्टी-चोखा बेचले बानी बाकिर आपन भोजपुरिया संस्कार कबो ना छोड़नी.

बाकिर भोजपुरी फिलिमन में भोजपुरी संस्कार काहे नइखे ?
ई पूरा से धंधा के बाजार ह. भोजपुरी फिलिमन के बजट कम होला. एकरा लगे पइसा नइखे एहसे आइटम डाल के हिट करावे के कोशिश होला. नीक कहानी आवे के मौके ना मिले. अगर अइबो करेले त ओकरो के मसालेदार बना दीहल जाला. एकर दर्शक गरीब मजूर समाज से आवेले. पढ़ल लिखल लोग लायक थिएटर नइखे एकरा लगे. बाकि अगर तनिका एकरा में बदलाव कइल जाव आ तनिका दर्शक अपना में बदलाव ले आवसु त नीमन फिलिमन के आवक शुरु हो जाई. आ तब संस्कारो के जगहा मिले लागी.


(संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up