भोजपुरी सुपरस्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ के एह साल के “भोजपुरी अवार्डस 2013” में सर्वश्रेष्ठ अभिनेता चुनल गइल.
निरहुआ के ई सम्मान मिलल फिलिम ‘एक दूजे के लिए‘ में उनका बेहतरीन अभिनय ला. अवार्ड दिहल गइल काँग्रेसी बोलतुआ आ राज्यसभा सांसद राशीद अल्वी का हाथे.
अपना के मिलल एह पुरस्कार ला निरहुआ अपना दर्शकन के पूरा श्रेय दिहलन. फिलिम ‘एक दूजे के लिए‘ के निर्माता अभय सिन्हा आ निर्देशक अनिल अजिताभ खातिर आबार जतवले निरहुआ आ अवार्ड के संयोजक विनोद गुप्ता के धन्यवाद देत कहलन कि इ पुरस्कार पा के उनकर जवाबदेही अउर बढ़ गइल बा.
जाने जोग बात इहो बा कि निरहुआ के लगातार दुसरका साल सर्वश्रेष्ठ अभिनेता चुनल गइल बा.
(प्रशांत निशांत)
(२८ दिसंबर १३)
0 Comments