मण्डी से भोजपुरी मण्डी में राहुल सिन्हा

by | Sep 4, 2011 | 0 comments

भोजपुरी आ मैथिली सिनेमा में अबही ले थियेटर कलाकारन के मुख्य भूमिका में बहुते कमी लागत रहुवे. अब एह कमी के पूरा करे आइल बाड़न बिहार के सहरसा वासी राहुल सिन्हा. दिल्ली रंगमंच से जुड़ल राहुल साल 2001 में रंगमंच “मण्डी” से एक साल के डिप्लोमा करके मुम्बई अइले. एहसे पहिले ऊ पटना में इप्टा से जुड़ल रहले. अब राहुल सिन्हा मैथिली फिल्म “सजना के अंगना में सोलह श्रृंगार” में मुख्य नायक के भूमिका करत बाड़े. एकर निर्देशक हउवें मुरलीधर आ निर्माता संदीप झा. रंगमंच के ई मँजल कलाकार पियूष मिश्रा से रंगमंच के बारीकी सिखलसि आ मुम्बई अइला का बाद कृष्णा अर्जुन, क्राइम पेट्रोल, हकीकत, बाहुबली वगैरह धारावाहिकन में मुख्य भूमिका निभवलसि.

राहुल सिन्हा जल्दिये तीन गो बड़हन भोजपुरी फिलिमन में नायक बन के आवे वाला बाड़े. मैथिली आ भोजपुरी दुनु पर बढ़िया पकड़ राखे वाला राहुल के कहना बा कि ऊ भाषा ले बेसी महत्व कहानी के बढ़िया प्लाट के दीहें. रउरा कवनो भाषा में काम करवा लीं. थियेटर के कलाकार हईं, हर भाषा पर पकड़ बा. राहुल जल्दिये एगो हिन्दीओ फिल्म दिलनशीं में मुख्य भूमिका में नजर अइहे.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up