एडीआरएस एन्टरटेन्मेंट के बैनर में बनल भोजपुरी एक्शन सम्राट मनोज आर पाण्डेय अउरी मोनालिसा के फिलिम ‘प्यार हो के रही’ के बिजनेस तिसरका हफ्ता में सातवां आसमान छू लिहले बिया. मुम्बई अउरी गुजरात के बाद अब बिहार अउरी झारखण्डो में एह फिलिम के सुपरहिट के दरजा मिल गइल बा. ‘प्यार होके रही’ फिलिम साल 2014 में अब तक के सबले बड़का हिट बन गइल बिया. आ ई हमरे कहना नइखे, फिलिम देखे वाला सगरी दर्शकन के रूझान एह बात के प्रमाण बा. दर्शकन से मिलत प्यार से एकर व्यवसाय सफलता के सातवां आसमान छू लिहले बा जवन निर्माता के उम्मीदो से अधिक बा.
फिलिम के बिहार में सफलता के कारण एगो इहो बा कि तिसरका हफ्ता में एकर कवनो प्रतिद्वंदी नइखे. एह हफ्ता कवनो दोसर भोजपुरी फिलिम रिलीज ना भइल जवना के फायदा ‘प्यार होके रही’ के मिलल. अब ई अलग सवाल बा कि आखिर काहे कवनो दोसर भोजपुरी फिलिम मैदान में ना उतरल !
(संजय भूषण पटियाला)
0 Comments