रिंकू घोष के न्यूजमेकर एचिवर्स अवार्ड

by | May 11, 2014 | 0 comments

achieversराम जेठमलानी, एलिक पद्मशी, रामदास आठवले आ प्रेम शुक्लो सम्मानित भइलें.
भोजपुरी सिनेमा जगत आ टेलीविजन के जानल मानल नाम रिंकू घोष के पिछला दिने भारत के तमाम महान विभूतियन का साथे सम्मानित कइल गइल. मौका रहल मुंबई के पांच सितारा होटल ट्राइडेंट में आयोजित ‘न्यूजमेकर अचिवर्स अवार्ड २०१४’.

एह समारोह में सवश्रेष्ठ हिन्दी संपादक के अवार्ड हिन्दी समाचार पत्र ‘सामना’ के संपादक प्रेम शुक्ला के आ भोजपुरी सिनेमा जगत में उल्लेखनीय काम कइला ला भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन अभिनेत्री रिंकू घोष के न्यूजमेकर अचिवर्स अवार्ड दिहल गइल. ई अवार्ड लीक से अलगा हट के समाज में कुछ जाने जोग काम करे वालन के दिहल जाला.

एकरा अलावे विज्ञापन फिल्म निर्माता एलिक पद्मशी के विज्ञापन का क्षेत्र में, मशहूर अधिवक्ता राम जेठमलानी के कानून आ राजनीति में, सिनेमा जगत में जाने जोग काम करे ला सरोज खान के आ पत्रकारिता में बढ़िया काम करे ला बलिराम गायकवाड के उनका जाने जोग काम कइला ला लाईफटाईम अचीवमेंट अवार्ड दिहल गइल.

एह मौका प बंगलोर के एम. लक्ष्मी नारायणन के बेस्ट आईएएस अवार्ड, नेता रामदास आठवले के चर्चित दलित नेता अवार्ड, मशहूर समाजसेविका लक्ष्मी नारायण त्रिपाठी के, टीवी पत्रकार विकास श्रीवास्तव के, अउर कामेडियन सुरेश मेननो के सम्मानित कइल गइल.

भारत के तमाम दिग्गज विभूतियन का बीच भोजपुरी सिनेमा जगत में उल्लेखनीय योगदान ला सम्मानित भइला का बाद रिंकू घोष बहुते खुश नजर अइली. कहली कि एह अवार्ड से उनका पर अउरी बेहतर काम करे के जिम्मेदारी बढ़ गइल बा.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up