हरला के हरिबोल

by | May 30, 2014 | 0 comments

jayanti-pandey

– जयंती पांडेय

जान जा राम चेला अबकि के चुनाव के अजबे हाल बा. नेताजी हार गइले लेकिन दुखी नइखन. काहे कि उनका दुख में शामिल होखे वाला केहु नइखे. सबलोग पार्टी के खुशी में शामिल बा. पार्टी जीत गइल ओह में नाच रहल बा. एगो नेताजी जीत गइले लेकिन खुशी नइखन मना पावत काहे कि उनका साथ के सब लोग पार्टी के हार से दुखी बा. माने जब ‘चना रहे तऽ दांत ना आ जब दांत बा तऽ चना ना.’ ई चुनाव के बात इहे भइल बा. स्कूल कालेज के रिजल्ट निकले ला त चर्चा होला कि ओकरा अतना परसेंट नम्बर आइल आ ओकरा कम आ गइल. लेकिन चुनाव में जे जीते ला ऊ सब फस्टे डीविजन. केहु नीचे ना.

ई चुनाव में केहु कहऽता कि लहर रहे. अरे रामचेला बतावऽ कि लहर रहित त अमेठी में रोड शो के बाद स्मृति ईरानी काहे हार जइती. बनारस में अजय राय काहे हरते. ई बात से साफ लागऽता कि कवनो लहर फहर ना रहे बस सब दोष ई जे पाब्लिक बा न ओही के रहे. अब कुफूत ई बा कि ई लोग नाया पब्लिक ले कहां से आवो लोग. जे बहरा से आवतो बाड़े सन ओकनी के आटा में नून अस कहल जा सकेला. आ मोदी भाई बाड़े कि ओकनियो के खेदे के चक्कर में परल बाड़े. ई चुनाव में खुशिओ देखल गइल आ दुखो. लेकिन अपना पंचायत अस खुशी कहीं देखे के ना मिलल. पहिले जे पंचायत के सदस्य रहे ओकरा परधान जी तेल लगावस. स्कूलन में दुपहरिया में बांटे वाला चाउर दाल तक भेजत रहले. काहे कि पूरा मेजरीटी बा. अब त लोग के गरज बा कि ओकरा संगें बनल रहे. ई मात के दरद लोग का बूझि? पहिले गहठबंधन रहे. गांठ खोल के धमकी देला पर पर सत्तादल के नेताजी आपन गांठ ढील क देत रहले. पहिले मंगला पर सहयोग मिलत रहे अब त सहयोग ले लऽ कहत चलऽता लोग. अब एह तरह के लोग के पता चली कि जीत के बाद के अइसन मात के पीड़ा का होला. शायद, ऊ लोग आपन अच्छा दिन बना लेउ त अपनो गाड़ी के तेल पानी मिल जाई.

अब जे जीत गइल त जीत के हरान बा. एगो नेताजी कहले रहले कि जे मोदी के वोट ना दी ओकर जगहि पाकिस्तान में बा. दोसर कहले कि जे मोदी के वोट दी ओकरा समुन्दर में बिग दियाई. लोग सोचल चलऽ पाकिस्तान गइला से निमन बा कि समुन्दर में डूब जाइल जाउ. जे जीत गइल उ हरान बा कि कइसे जीत गइनी आ जे हार गहइल ऊ हरान बा कि हार कइसे गइनी. खैर एहिजा त जीते के बात नइखे इहां त हरला वाला कहल जाता ‘हरला के हरिबोल’.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up