सनसनी फेम श्रीवर्धन त्रिवेदी के फिलिम ‘देख के’ 11 जुलाई से

by | Jun 26, 2014 | 0 comments

दू गो चर्चित हत्याकांडन के राज खोले वाली फिलिम हवे ‘देख के’.
DekhKe-poster
पिछला कई साल से ‘सन्नाटे को चीरती सनसनी फिर देगी दस्तक’ सुनते आवाज के जादूगर श्रीवर्धन त्रिवेदी के चेहरा सामने आ जाला जे बरीसन से छोटका परदा प क्राइम बेस शो के शाहंशाह बनल बाड़े. छोटका परदा से बड़का परदा का ओर डेग बढ़ावत श्रीवर्धन त्रिवेदी फिलिम निर्माण में आ गइल बाड़े आ उनकर पहिला फिलिम हवे ‘देख के’.

एह फिलिम के 11 जुलाई से सगरी बिहार में एक साथ रिलीज कइल जाई. निर्देशक हउवन महुआ टीवी के चर्चित शो ‘भौकाल के चौपाल’ के भौकाल सिंह उर्फ निखिल राज. निखिल राज बतावत बाड़े कि एह फिलिम के कहानी तब लिखे के शुरु कइलन जवना घरी उ ‘भौकाल के चौपाल’ शो ला उत्तर प्रदेश, बिहार, आ झारखंड के गलियन में लगातार घुमत रहलन. फिलिम के कहानी आ घटना ओही दौर के अनुभव प बा जवन उ भौकाल सिंह बन के हर आम ईंसान, अधिकारी, नेता, प्रशासन, शहर, गांव आ कस्बन मे बतौर अभिनेता पवलन. कहानी कहीं ना कहीं आम दर्शको के अपना संगे जोड़ी.

एह फिलिम में साल 1984 के सिख दंगा का साथही बिहार के दू गो बड़हन आपराधिक वारदातो के समेटल गइल बा. एह फिलिम ला ऑस्कर नॉमिनी बॉम्बे जयश्री, कैलाश खेर, हॉलीवुड सिंगर योगेश्वरन मानक्कम साउथ अफ्रिकन सिंगर सईयों बाबा कमारा, क्लासिकल सिंगर सुधीर रेखारी, लोक गायक बच्चू शुक्ला जइसन गायकन के संगीतकार पॉल जैकब के साथ मिलल जवन तमिल सिनेमा के मशहूर नाम ह. साथही हिंदी आ बंगला फिलिमन के मशहूर नाम बोनी चक्रवर्तीओ एह फिलिम से जुड़ल बाड़े.

कलाकारन में सनसनी फेम श्रीवर्धन त्रिवेदी, अवधेश मिश्रा, जाकिर हुसैन, प्रकाश जैस, पद्म सिंह, श्री कंकाणी, निशु जी वगैरह खास बाड़े. भोजपुरी सिनेमा के बैड मैन अवधेश मिश्रा पहिला बेर एगो पॉजिटिव भूमिका में बाड़न.


(रंजन सिन्हा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up