मोदी मौनी बाबा काहे बन गइले ?

by | Aug 9, 2014 | 1 comment

jayanti-pandey

– जयंती पांडेय

बाबा लस्टमानंद से अचके में रामचेला पूछले, बाबा हो! ई आपन मोदी जी आजुकाल कुछ बोलत काहे नइखन ? बाबा कहले, अब तूं ही बतावऽ कि मोदी जी सरकार चलावस कि बकबकास. अरे सरकार चलावल कवनो बैलगाड़ी चलावल ना नु ह कि जबले बैलन के गरियावल ना जाई, ओकनी से आपन रिश्ता ना जोड़ल जाई तबले बैलगाड़ी ना चली. देश चलावल बड़हन काम ह.अब देश चलावे खातिर चुनाव जीते के परे ला आ चुनाव जीते खातिर जबान चलावे के होला. इहो जानल जरूरी बा कि सत्ता देह धाजा से ना भेंटाला, ओकरा खातिर जबान चलावल बेहद जरूरी बा. जे जबान ना चला सकी ऊ राज का चलाई. लेकिन हमरा अब जा के बुझाइल ह कि देश चलावे खातिर जुबान चलावल मना बा. नया नियम बनल बा रामचेला कि जब जुबान बंद हो गइल त जान ल कि राज चल रहल बा. जब जबान चले लागे त बूझि जइह कि अब राजनीति चलऽता. लेकिन ई जे बुड़बक जनता बा नू ऊ बूझते नइखे. ओकरा सरकार के बकबकात देखे के आदत पड़ गइल बा. ऊ ना लउके त दिमाग गड़बड़ाए लागेला. अब तहरा अइसन बुड़बक लोग जे चुनाव के समय मोदी जी के शेर कहत रहे ऊ लोग के कहल ह कि बकरी ना मेमियाये त ठीक बा लेकिन शेर ना गरजे त का बात भईल. लेकिन ई त मेमियातो नइखन.

रामचेला कहले, बाबा, अब लोग टी वी में रिचार्ज भरवा के चैनल बदल-बदल के देखऽता कि कतहुं त शेर गरजत लउके. कहीं कुर्ता के बांह चढ़ावत लउकस चाहे भौंह तनले लउकस. कागज फारत लउकस पर सभत्तर चुप्पी बा. जेकरा सबसे जियादा गरजत देखल गइल ऊ चुप बइठल बा. पुरनका मौनी बाबा अइसन. बुझाता कि कवनो गुप्त समझौता भइल बा. पुरनका मौनी बाबा जेकरा से मोदी जी सत्ता के चार्ज लिहले ऊ कवनो मंतर दे गइल बाड़े कि भइवा, सत्ता चलावे के बा त जबान मत चलइहे ! जहां जबान चलऽवलऽ कि उ सब लोगवा लागी गरजे जे चुप बा. अइसन चुप्पी साधऽ कि लोग बोले के पहिले सौ हाली सोचे.

बाबा कहले, देखऽ रामचेला, कवनो गद्दी पर बइठे खातिर भले जुबान चलावे के परो लेकिन ओह पर कायम रहे खातिर जबान बंद राखे के होई. एगो जोगी बाबा रहले. सांस चलावे के कला जनता के सिखावस आ भोरे उठा के सबके अनुलोम विलोम करावस आ जब तक ई सब करस तबले बकबकात रहस. अब जइसे लाभ के गद्दी भेंटाइल सब कुछ त्याग दिहले. अब कहऽतारे कि सब लोग सांस चलावे आ हम आपन धंधा चलावऽतानी. अब देखऽ शेयर बाजार में सटोरिया लोग जतने जबान चलावे ला ओतने बजार चलेला. जइसहीं बजार के चाल बंद भइल कि सबके जबान पर ताला लाग जाला. जान जा रामचेला, जब मोदी जी के जबान चलत रहे त एतना वादा क दिहले कि अब यादो नइखे पड़त. अब जबान बंद क के चुपचाप टाइम निकालल जा रहल बा. मालूम बा कि कुछ दिन के बाद लोगवा खुदे भूला जाई, ना त गफलत में परि जाई कि पहिले का मांगी. पहिले पियाज मांगीं कि टमाटर. जे गद्दी पर बइठल बा ऊ जानऽता कि लोग के चिल्लाये चाहे गरियाये के एगो सीमा होला. चिल्लात-चिल्लात लोग चुप हो जाई एकरा बाद देश के चरऽ भा खा, केहू बोले वाला नइखे.


जयंती पांडेय दिल्ली विश्वविद्यालय से इतिहास में एम.ए. हईं आ कोलकाता, पटना, रांची, भुवनेश्वर से प्रकाशित सन्मार्ग अखबार में भोजपुरी व्यंग्य स्तंभ “लस्टम पस्टम” के नियमित लेखिका हईं. एकरा अलावे कई गो दोसरो पत्र-पत्रिकायन में हिंदी भा अंग्रेजी में आलेख प्रकाशित होत रहेला. बिहार के सिवान जिला के खुदरा गांव के बहू जयंती आजुकाल्हु कोलकाता में रहीलें.

Loading

1 Comment

  1. jay

    जिम्मेदारी अईला पे आदमी के बोलती बंद होइये जाला. बहुत नीमन. धन्यवाद जयंती पांडेय ji

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up