टटका खबर, अतवार, १८ जुलाई

by | Jul 18, 2010 | 0 comments

मँगनी में चिखनी बिलईया मँगलसि आधा

कॉमनवेल्थ गेम्स के आयोजन समिति दिल्ली पुलिस के माँग पर अवाक बा. दिल्ली पुलिस अपना खातिर २५ हजार पास माँगत बिया जबकि जवाहर लाल स्टेडियम में कुल साठे हजार सीट बा. पुलिस साफ कहत बिया कि ऊ चाहत बिया कि जनता के कम जगहा मिलो काहे कि अबकि खेल का दौरान आतंकी हमला के पूरा अनेसा बा. अब आयोजन समिति गृह सचिव से निहोरा कइले बा कि उहे तय करस कि दिल्ली पुलिस के कतना पास दिहल जाव.

उमर अब्दुल्ला आतंकियन के नार काटल चाहत बाड़े

जम्मू काश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला चाहत बाड़न कि आतंकियन के ऊ नार काट दिहल चाहत बाड़न जवना से ओकनी के पोषण मिल रहल बा. विदेशी फंड का बल पर छँउकत आतंकियन के औकात पर ले आवे खातिर ई कइल बहुते जरुरी बा. दोसरे अब्दुल्ला इहो चाहत बाड़न कि अर्द्धसैनिक बल का लगे आधुनिक हथियार आ साजो सामान रहे. ११ जून के एगो लड़िका के मौत का बाद से जम्मू काश्मीर में रह रह के बवाल होखत बा. कहलन कि सेना तबले रही जबले हालात सुधर नइखे जात.

भगवान लोग के शेयर बाजार में उतरला के का जरुरत बा

मुंबई हाई कोर्ट एगो निहोरा के नकारत कहले बा कि भगवान लोग अपना के मन्दिरे तक सीमित राखो. शेयर बाजार का धंधा में ओह लोग के अइला के कवनो जरुरत नइखे. सांगली के गणपति पंचायतम संस्थान के वकीलन के दावा बा कि ओकरा देवता लोग का लगे पैन कार्ड बा आ एह आधार पर ऊ लोग डीमैट अकाउन्ट खोल सकेला. एनएसडीएल के कहनाम बा कि सिर्फ निबंधित पब्लिक ट्रस्ट के देवता लोग संपत्ति के मालिक हो सकेला आ सांगली के संस्थान पब्लिक ट्रस्ट का रुप में निबंढ़ित नइखे.

सोनिया खातिर कोर्ट के बोलहटा

मुजफ्फरपुर के एगो कोर्ट एगो मुकदमा में सोनिया गाँधी आ कांग्रेस के यूपी अध्यक्षा रीता बहुगुणा आ मुरादाबाद के कांग्रेस अध्यक्ष के अदालत में अपने भा अपना वकील का मार्फत २९ जुलाई के मौजूद रहे के बोलहटा, सम्मन, जारी कइले बा. मुरादाबाद कांग्रेस अपना राष्ट्रीय अध्यक्षा के दुर्गा का रुप में देखावत एगो पोस्टर जारी कइले रहुवे जवन अखबारो मे छपल रहे. ऊ देख के मुजफ्फरपुर के एगो वकील सुधीर ओझा केस कर दिहले कि एहसे उनका धार्मिक भावना के चोट पहुँचल बा.

चाणक्या नेशनल लॉ यूनिवर्सिटी के नया परिसर के उद्घाटन

पटना के मीठापुर में चाणक्या नेशनल लॉ यूनिवर्सिटी के नया परिसर के उद्घाटन आजु मुख्यमंत्री नीतीश कुमार करे जा रहल बाड़े. १८ एकड़ में पसरल एह परिसर में अबले एगो एकाडेमिक खण्ड, प्रशासनिक खण्ड, लड़िका लड़िकी के हॉस्टल, मूट कोर्ट हॉल, आ परीक्षा भवन बन चुकल बा. बाकी काम मार्च २०११ ले पूरा हो जाई. एह कॉलेज के शुरुआत साल २००६ में भइल रहे तब से ई दोसरा का भवन में चलत रहुवे. एहमें नामांकन क्लैट का मार्फत होखेला.

बिहार के आपन आपदा निवारक बल बनी

बिहार सरकार करीब ४४ करोड़ का लागत से एगो डिजास्टर रिस्पांस फोर्स बनावे के एलान कइले बिया जवना के मुख्यालय बिहटा में होखी. एह बल में सेना, नौसेना, आ मेडिकल कार्प्स से लिहल करीब बारह सौ लोग संविदा पर नियुक्त होखी आ आग, भूकम्प, सड़क आ रेल दुर्घटणा, बँड़ेरा, आ आतंकी हमला का दौरान प्रभावित लोगन का बीच राहत के काम करी. पूरा देश में ई अपना तरह के अकेला बल होखी.

नन्दी पर हमला कवनो अजूबा ना ह

यूपी के मुख्यमंत्री मायावती विरोधी दल के एह बात खातिर आलोचना कइले बाड़ी कि ऊ लोग मंत्री नंदी पर भइल हमला के कानून व्यवस्था के कमजोरी बतलावत बा. कहले बाड़ी कि मुलायम का राज में साल २००३ से २००७ का बीच एगो एमपी, एगो पूर्व विधायक, तीन गो विधायक, आ तेरह गो राजनीतिक कार्यकर्ता के हत्या भइल रहे. कांग्रेस का राज में ओकर आपन प्रधानमंत्री इन्दिरा गाँधी के हत्या भइल रहे आ राजग का शासन में संसद पर हमला भइल रहे. हमला कबो कवनो शासन का दौरान हो सकेला. नंदी पर हमला का मुकदमा में सपा के नेता लोग के आरोपी बनावल गइल बा.

काशी मथुरा वृंदावन आदर्श पर्यटन केन्द्र का रुप मे विकसित होखी

यूपी के मुख्यमंत्री मायावती आदेश दिहले बाड़ी कि मथुरा, वृंदावन, आ बनारस के आदर्श पर्यटन केन्द्र का रुप में विकसित कइल जाव. एह शहरन में पिये के पानी, सीवरेज, बिजली, सड़क, फ्लाईओवर के बढ़िया इन्तजाम करे के कहले बाड़ी जवना से पर्यटकन के कवनो दिक्कत ना होखे. अलगा बाति बा कि संघ परिवार खातिर एह तीनो शहरन के खास महत्व बा काहे कि एहिजा के कृष्ण जन्म भूमि आ काशी विश्वनाथ मन्दिर पर मुगल शासन का दौरान नाजायज कब्जा कर लिहल गइल रहे जवन आजु ले मौजूद बा.

अलकतरा का टैँक में विस्फोट से एगो उपनिदेशक जर गइले

मिर्जापुर के कटरा कोतवाली इलाका में ग्रामीण अभियन्त्रण सेवा का गोदाम में राखल अलकतरा के टैंक में विस्फोट से बगल के मकान के दीवाल टूट गइल आ ओह मकान में रहे वाला पशुपालन विभाग के उपनिदेशक रविन्द्र मोहन प्रसाद गरम अलकतरा से जर गइले. उनका के अस्पताल में भरती करावल गइल जहाँ से उनका के इलाहाबाद खातिर रेफर कर दिहल गइल बा. उनकर हालत खराब बा. एगो दोसरा घटना में सोनभद्र जिला में घोरावल के हिरनखूरी गाँव में एगो मकान का छत पर एगारह हजार वोल्ट के तार टूट के गिर पड़ल. बरखा का चलते पूरा मकान में बिजली पसर गइल. अपना बाप महतारी के बचावे में ओह लोग के जवना लड़िका आ लड़िकी के मौत हो गइल. बाद में नाराज गाँव वालन पर पुलिस जम के लाठी चार्ज कइलस. माया का राज में आम आदमी न्याय माँगे के गलती करो कइसे बर्दाश्त कइल जा सकेला!

खेल का दुनिया से

भारत श्रीलंका का बीच पहिलका टेस्ट मैच शुरु हो गइल बा. पिछला सतरह साल से भारत श्रीलंका में कवनो टेस्ट सीरीज नइखे जीतले.
पाकिस्तान अपना टेस्ट टीम के कप्तान शाहिद अफरीदी के इस्तीफा मंजूर कर के सलमान बट के कप्तान बना दिहले बा. आस्ट्रेलिया का साथे भइल पहिलका टेस्ट में खराब हार का बाद इस्तीफा दे दिहले रहले. बट पिछला तीन साल का भीतर पाकिस्तान क्रिकेट टीम के सातवाँ कप्तान बनल बाड़े.
आईसीसी संकेत दिहले बा कि साल २०१३ से टेस्टो क्रिकेट में चैम्पियनशिप शुरु हो सकेला. बीसबीसा क्रिकेट का चलते लोग के टेस्ट मैच में रुचि कम हो रहल बा ओकरे के दुर करे खातिर ई चैम्पियनशिप होखी.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up