भोजपुरी सिनेमा में अन्ना

by | Oct 15, 2011 | 0 comments

भोजपुरी में निर्माता डा॰ राजकुमार चौहान एगो फिलिम बनावे जात बाड़ें जवना के नाम राखल गइल बा “अन्ना के आँधी”. एह फिल्म के निर्देशन करीहें चन्द्रसेन सिंह. सुपरहिट एक्शन हीरो सुदीप पाण्डेय एह फिल्म के मुख्य भूमिका करीहें.
अन्ना के आँधी फिल्म के कहानी एगो डाक्टर के बा जेकर नाम ह डा॰ अन्ना आ ओकर आदर्शपुरुष हउवें अन्ना हजारे. डा॰ अन्ना अपना गाँव में भ्रष्टाचार के खिलाफत अन्ना हजारे के बतावल गाँधीवादी तरीका से करीहें आ भर गाँव के एह लक्ष्य खातिर जागरुक बना दीहें.

फिल्म का बारे में बतियात सुदीप पाण्डेय के कहना रहे कि ई एगो चुनौतीवाली भूमिका बा. हमनी का कोशिश करत बानी स कुछ संदेश देबे के. समाज के अन्ना हजारे जइसन लोगन के बहुते जरूरत बा आ मीडिया के आपन काम बढ़िया से करे के जवना से समाज में फइलल भठियरपन खतम कइल जा सको.

फिल्म के कहानी डा॰ राजकुमार चौहान के लिखल, संगीत अमन श्लोक के, कैमरा प्रिंस के, संवाद संजीत कुमार के, एक्शन अकबर शरीफ के आ नृत्यनिर्देशन अग्नेश के रही. फिल्म राजराशि फिल्म्स का बैनर में बनावल जाई.


(स्रोत : संजय बी॰ शर्मा)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up