टटका खबर, सोमार, 8 जनवरी 2018

by | Jan 9, 2018 | 0 comments

बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अपना राजनीतिक जीवन में ईमानदारी आ स्वच्छता बरते खातिर जम्मू कश्मीर सरकार का तरफ से ओकर पहिलका मुफ्ती मोहम्मद सईद पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल बा.
जनरल जोरावर सिंह आडियोरम में एगो समारोह में जम्मू कश्मीर के राज्यपाल एनएन वाहरा का हाथ से एह अवार्ड के स्मृतिफलक दीहल गइल.
एह मौका प ओहिजा के मुख्यमंत्री महबूबा मुफ्ती आ बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मौदी उपस्थित रहलें.

बाइक चोरी करे वाला एगो गिरोह के सरगना समेत चार गो अपराधी सोमार का दिने सारण जिला के जनता बाजार थाना के पुलिस का हाथे चढ़ गइले. दू गो बदमाश भागे में सफल हो गइलें. पुलिस हरपुर कोठी मोड़ प वाहन चेकिंग करत रहे जब ई लोग धरा गइल. ओने छपरा शहरो में नगरपालिका चोक का लगे से दू गो बदमाश असलहा साथे धराइल बाड़े.

सारण जिला के बनियापुर इलाका के हरखपुरा गाँव में अतवार का राति लागल आग सें बाप बेटा आ दू गो गरुमाल झँउस गइल बाड़ें.

छपरा राजेन्द्र कॉलेज के प्रभारी प्राचार्य सरोज वर्मा अपना निजी कारण से कुलपति के आपन इस्तीफा सँउप दिहले बाड़न.

लालू के जेल भइला सुन के 85 बरीस का उमिर में मर गइल उनुका बड़ बहिन गंगोत्री देवी के आखिरी संस्कार में लालू पूत ना चहुँपले. पूरा जवार में एही बात के चरचा रहुवे. हालांकि एह दौरान बहुते लोग चहुँप के आपन श्रद्धांजलि जरुर दिहुवे.

42 महीना से तनखाह बकाया रहला से सकेला में पड़ल जेपी विश्वविद्यालय के समंजित कर्मचारी मंगल का दिने आत्मदाह करे के धमकी दिहले बाड़ें.

मशरख इलाका के खैरनपुर गाँव के एगो लड़िकी कोचिंग पढ़े साइकिल से निकलल रहुवे बाकिर ओकर लाश घोघियां गांव का लगे से नहर से मिलल बा.

यूपी में 41 गो केन्द्रीय विद्यालय खोलल जाई आ बाकी बचल सवा सौ स्कूलन के सरकार अपना संसाधन से चलाई. एह बात के जानकारी सोमार का दिने उप मुख्य मंत्री केशन प्रसाद मौर्य दिहलन.

यूपी सरकार पूर्वांचल एक्सप्रेसवे के अपना खरचा प डेवलपरन से बनवाई आ बाद में टोल टैक्स के वसूलिओ अपनही करी. सड़क बनावे ला जमीन सरकार दी आ ओहपर सरकारे के मलिकाना हक रही. एह सड़क के आठ हिस्सा क के आठ गो डेवलपरन के दीहल जाई कि काम जल्दी होखे.

बिहार ओर से 46 किलो गाँजा लेके यूपी में घुसल तीन गो तस्करन के बलिया जिला के बैरिया पुलिस सोमार का दिने गिरफ्तार क लिहलसि.

खून का एगो मामिला में मिर्जापुर कोर्ट में गवाही दे के लवटत पचेंगड़ा गाँव के 85 बरीस के बूढ कल्लू गिरी के सोमार का दिने मूड़ी कूंच के मुआ दीहल गइल बा.

गाजीपुर के देउपुर गाई का नियरा भइल सड़क हादसा में एगो आटो चलावे वाला के मौत अतवार देर रात हो गउवे. राति में घरे लवटत घरी घन कुहासा का चलते आटो सड़क किनारे पलट गइल आ रात भर ऊ ओकरा नीचे दबाइले रह गइलन. सबेरे दिसा मैदान करे निकलल लोग देखल त पुलिस के बोलावल गइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up