पिछला शनिचर का दिने आरा के बलबतरा गाँव के एगो किसान के बेरहमी से मार दिहल गइल रहुवे. पुलिस एह मामिला के दर्ज कर के आरोपियन के गिरफ्तारी करे में लागल बिया.
जान लेबे से पहिले एह किसान के खंभा में बान्हि के मन भर पीटले सँ हत्यारा आ जब ऊ अधमरु हो गइल त ओकरा के गोली मार दिहलें सँ. सगरी आरोपी ओकर गोतिया हउवन सँ. मरे वाला किसान अक्षय के भाई 15 जने प नामजद केस लिखवले बाड़े.
0 Comments