भोजपुरी पट्टी से 24 मार्च 2018 शनिचर के 8 खबर

by | Mar 25, 2018 | 0 comments

वाराणसी नगर निगम सदन में पार्षदन के बवाल, चार जने हिरासत में
वाराणसी, 24 मार्च (वार्ता). वाराणसी नगर निगम कार्यकारिणी सदस्यन के चुने के मांग अनदेखी करत सदन के बइठक स्थगित भइला से नाराज विपक्षी पार्षद जमके हंगामा कइलें. एह पर पुलिस प्रयोग करत सपा पार्षद भैया लाल यादव आ निर्दलीय सुनील यादव अउऱ बबलू शाह समेत चार जने के हिरासत में ले लिहलसि. सदन के बइठक शुरु होखते कांग्रेस पार्षद सीताराम केशरी कार्यकारिणी चुनाव करावे के मांग कइलन, बाकिर महापौर मृदुला जायसवाल एगो भाजपा पार्षद के पत्नी के मृत्यु से संबंधित शोक प्रस्ताव सकारत सदन स्थगित क दिहली. एही पर विपक्षी पार्षद भड़क गइलें आ बवाल काटे लगलें.

मऊ में मुठभेड़ का बाद तीन गो बदमाश गिरफ्तार
मऊ, 24 मार्च (वार्ता). मऊ के चिरैयाकोट इलाका में शुक का राति कार सवार शराब माफियन के रामनवल डिग्री कालेज का लगे घेराबन्दी भइल त ऊ पुलिस पर फायरिंग क दिहलें सँ. एकरा बाद जबाबी कार्रवाई में अकबरपुर के अभिषेक श्रीवास्तव नामके बदमाश घाहिल हो गइल आ ओकर दू गो साथी, मऊ के रानीपुर निवासी अनन्त मौर्या आ वाराणसी के फूलपुर निवासी चंकी दीक्षित उर्फ रोशन, के गिरफ्तार क लीहल गइल. एकनी का लगे से दू गो तमन्चा, छह गो कारतूस वगैरह बरामद कइल गइल.

जौनपुर में दू गो अध्यापक निलम्बित
जौनपुर, 24 मार्च (वार्ता) जौनपुर में शिक्षण कार्य में लापरवाही बरते का आरोप में दू गो अध्यापकन – विनीत कुमार सिंह आ राजेश कुमार सिंह – को निलम्बित कइल गइल बा आ अंशू गुप्ता अउर प्रशांत सिंह के एक दिन के वेतन काटत ओह लोग के प्रतिकूल प्रविष्टि देत रपट जिला प्रशासन के भेजल गइल बा.

इलाहाबाद में व्यावसायिक भवन में आग लागल
इलाहाबाद, 24 मार्च (वार्ता). इलाहाबाद के सिविल लाइंस इलाका के व्यस्ततम सुभाष चौराहा से 500 मीटर दूर साई टावर बिल्डिंग के एगो बुटिक में आग लाग गइल. सूचना पावते दमकल के गाड़ी चहुँपली सँ आ आधा घंटा भीतरे आगि पर काबू पा लीहल गइल. एहमें केहू घवाहिलो नइखे भइल.

जौनपुर में ट्रक का धक्का से शिक्षिका के मौत
जौनपुर, 24 मार्च (वार्ता). जौनपुर के गौराबादशाहपुर इलाका में ट्रक से धक्का लगला का चलते बासुपुर गांव के रहेवाली सरोजा सिंह (40) के मौत हो गइल आ उनुका स्कूटी पर बइठल दोसर शिक्षिका नीलम अपना बेटा सनी (8) समेत घवाहिल हो गइली. ई लोग मुफ्तिगंज बिकास खण्ड के कदहरा प्राथमिक विद्यालय में शिक्षिका हवे.

बिहार में सात करोड़ का चरस बरामद
रक्सौल 24 मार्च (वार्ता). भारत-नेपाल सीमा से सटल पूर्वी चंपारण जिला के रक्सौल इलाका के सदकिया टोला गांव का लगे से सशस्त्र सीमा बल के जवान सात करोड़ रुपिया से अधिका दाम के चरस बरामद कइलसि बाकिर कवनो तस्कर के गिरफ्तारी ना हो सकल.

गाजीपुर में कार का धक्का से सब्जी बेचेवाला मरल
गाजीपुर 24 मार्च (वार्ता). गाजीपुर कोतवाली इलाका में कार के धक्का से बबेड़ी गांव के सीताराम (30) के मौत हो गइल आ बंशीबाजार के राजू उर्फ भुट्टन आ सुनिल नाम के एगो अउर नवही घवाहिल हो गइलें.

जौनपुर में एगो किशोरी के लाश पेड़ पर लटकल मिलल
जौनपुर , 24 मार्च (वार्ता). जौनपुर के महराजगंज इलाका के सरायदुर्गादास गांव में बाजार का पश्चिम नहर किनारे अमरूद के बगइचा में रमेश प्रजापति के 15 बरीस के बेटी रागिनी के लाश सबेरे पेड़ पर फांसी से लटकल मिलल. गाँन वालन के अनेसा बा कि ओकरा साथे दुष्कर्म का बाद ओकर हत्या के के लाश पेड़ से लटकावल गइल बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up