हिरण हत्या मामिला में सलमान दोषी घोषित

by | Apr 5, 2018 | 0 comments


जयपुर 05 अप्रैल. जोधपुर के मुख्य न्यायिक मजिस्ट्रेट (ग्रामीण) के अदालत बीसन बरीस पुरान बहुचर्चित कांकाणी हिरण के हत्या मामिला में फिल्म अभिनेता सलमान खान के दोषी करार दिहलसु बाकिर उनुका साथे रहल चार गो सह-आरोपियन के बरी कर दिहलसि.
मुख्य न्यायिक मजिस्टे्रट देव कुमार खत्री खचाखच भरल अदालत में आजु करीब साढ़े ग्यारह बजे आपन फैसला सुनवलें. फैसला में मुख्य आरोपी सलमान के दोषी मानल गइल बा आ उनुका साथे शिकार में शामिल रहल सेफ अली खान, सोनाली बेंद्रे , तब्बू, अउर नीलम के एह आरोपन से बरी कइल गइल बा.
बालीवुड सितारा सलमान खान अपना बाकी साथियन का साथे कड़ा सुरक्षा का बीच अदालत चहुंपले. ओह घरी सभकर चेहरा पर तनाव झलकत रहल.
अदालत के फैसला का बाद सलमान के वकील हस्तीमल सारस्वत सजा का बारे में बहस करत बाड़ें.
वइसे अबहीं सलमान का हाथ में लमहर कानूनी प्रक्रिया के सहुलियत मौजूद बा आ बहुते कम उमेद बा कि एह न्याय प्रणाली में उनुका सही में सजा हो जाई. बहुत पहिलहीं बाबा तुलसीदास कह गइल बाड़न कि – समरथ के नहीं दोष गुसाईं. कवनो गरीब गुरबा एह आरोप में फँसल रहीत त अबले ओकर जेल के सजायो पूरा हो गइल रहीत.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up