अबकी का ईद प हिन्दी सलमान से भोजपुरी निरहुआ के टक्कर

by | Mar 22, 2017 | 0 comments


भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेश लाल यादव निरहुआ आ गरम लिट्टी अंजना सिह के जोड़ी के फिलिम – जिगर – अबकी का ईद का मौका प 23 जून के रिलीज होखे वाली बिया. संजोग बा कि एही दिने सलमानो खान के फिलिम टयूबलाइट के रिलीज होखल पहिले से तय बा.

एह टक्कर से निफिकर लउकत निरहुआ के कहना बा कि जिगर आम भोजपुरी फिलिमन से बहुते अलगा बाया काहें कि एकरा हर सीन प पूरा मेहनत कइल गइल बा. कुछ फिलिमन के सफलता के आभास ओकनी के बनते घरी होखे लागेला आ जिगर वइसने फिलिमन में शामिल बा. सलमान के फिलिमन के आपन अलग क्लास होला आ भोजपुरियन के अलग. एहसे ई कहल गलत होखी कि जिगर के मुकाबला कवनो ह‌िंदी फिल्म से बा.

पूर्वांचल टाकीज के बैनर तले बनत फिलिम जिगर के निर्माता विकास कुमार बतावत बाड़न कि जिगर के पोस्ट प्रोडक्शन के काम तेज रफ्तार से जारी बा. विकास कुमार अपना पूर्वांचल टाकीज के बैनर तर पहिलहुं “साजन चले ससुराल 2” आ “बेटा” जइसन सफल फिलिम बना चुकल बाड़न. निर्देशक प्रेमांशु सिह जिगर के पोस्ट प्रोडक्शन में फिलिम देखत बहुते उछाह में बाड़न आ उनुकर कहना बा कि नीमन कहानी, जबरदस्त लोकेशन आ फिल्मांकन, मधुर संगीत अउर धमाकेदार एक्शन जिगर के खासियत रहे जा रहल बा.

जिगर में निरहुआ आ अंजना स‌िह का अलावे गौरव झा, रितु स‌िह, मनोज टाईगर, रीना रानी, देव स‌िह, गौरी शंकर, वैभव राय, संतोष पहलवान आ सुशील स‌िह वगैरहो के अहम भूमिका बा.


(उदय भगत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up