सत्येंद्र सिंह राजपूत के फिलिम ’दीवाना तेरा मर जायेगा’ के भव्य मुहूर्त

by | May 26, 2018 | 0 comments


मुंबई, 26 मई (रामचन्द्र यादव). ड्रीमसिटी एंटरटेनमेंट प्रा. लि. के प्रस्तुति भोजपुरी फिलिम ’दीवाना तेरा मर जायेगा’ के मुंबई में भइल भव्य मुहूर्त बेहद खास मौका बन गइल जब एह मौका पर डॉ सतीश सिखा मुख्य अतिथि का रुप में शामिल भइलें. डॉ सतीश इंसानियत के सेवा कइला का चलते दुनिया भर में जानल जालें.
उनुका साथही एह मौका के खुशगवार बनावत रुपाली तिवारी (फैशन डिजाइनर) आ भोजपुरी सिनेमा के महानायक कुणाल सिंह मेहमान रहलें. साथही मौजूद रहलें हीरो सत्येंद्र सिंह के मित्र इंजीनियर अजय राय, संगीतकार एस कुमार, लेखक मनोज हंसराज, कैमरामैन नवीन मिश्रा, डांस मास्टर पप्पू खन्ना, अउर फाइट मास्टर शहाबुद्दीन शेख.
निर्माता निर्देशक मनोज पाण्डेय के एह फिलिम में सत्येंद्र सिंह राजपूत मुख्य किरदार बाड़ें. उनुका साथही रहीहें कुणाल सिंह, अवधेश मिश्रा, दिनेश केसवानी, देव सिंह, राजेश पांडेय, अनन्या दूबे, आकांक्षा, कृष्णा, जीतू सोनी, ज्योति कलश, माया यादव, नीरज अहिरा, सोनालिका, ग्लोरी, अउर किरन पांडेय वगैरह.
जाने जोग बा कि निर्माता निर्देशक मनोज पांडेय ’टेरर स्ट्राइक’ जइसन कई गो बॉलीवुड फिलिम बनवले बाड़न आ अब उनुकर भोजपुरी फिलिम बनावे में उतरल खुशी के बाति बा.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up