सरकार जनपथ से ना चल के जनमत से चलत बिया – कहलन मोदी

by | May 26, 2018 | 0 comments

कटक 26 मई (वार्ता). प्रधानमंत्री नरेन्द्र मोदी आजु कहलन कि राष्ट्रीय जनतांत्रिक गठबंधन सरकार अपना चार बरीस का राज में साफ नीयत से आ पूरा प्रतिबद्धता का साथे काम करत अपना कड़ेर फैसलन से व्यवस्था बदलले बिया आ देश के साख बढवले बिया. भ्रष्टाचार आ करियाह धन का खिलाफ सरकार के कड़ा कार्रवाई से बौखलाइल विपक्ष एकजुट होखे लागल बा.
राजग सरकार के चार बरीस के कामकाज पर सवाल उठावे वाला कांग्रेस के करारा जवाब देत मोदी कहलन कि मौजूदा सरकार ‘कन्फयूजन’ से ना बलुक ‘कमिटमेंट’ से चलत बिया आ ई सरकार जनपथ से ना चल कि जनमत से चलत बिया.
कटक में बोलावल एगो जनसभा में देश का सोझा अपना सरकार के ‘रिपोर्ट कार्ड’ पेश करत प्रधानमंत्री महंगाई, बेरोजगारी, गरीबी हटावे, सुरक्षा अउर विदेश नीति के मोर्चा पर विफल रहे के विपक्ष के आरोपन के ओकर खिसियाहट करार दिहलन. कांग्रेस आ ओकर पिछलकी सरकारन पर तीख हमला करत मोदी कहलन कि पूरा कांग्रेस एगो परिवार का सोझा मूड़ी नवा के पड़ल बिया. पिछला सरकारन में प्रधानमंत्री रिमोट कंट्रोल से चलत रहलें आ मंत्रियन के ईमेल से निर्देश मिलत रहुवे.
कहलन कि उनुकर सरकार अपना सहयोगी दलन का साथे मिलके साफ नीयत से काम करत बिया, जेहसे देश के साख बढ़ल बा. ई सरकार कड़ा फैसला लेबे में डेराव ना, ना ही फैसला लेबे से चूकेले. पहिले लटकावे, अटकावे अउर भटकावे के कार्य संस्कृति रहुवे. व्यवस्था आधा अधूरा रहुवे. उनुकर सरकार व्यवस्थन के संपूर्णता का ओर ले जाए ला अपना योजनव के निचला आ बिचला तबकन के आस आ उमेद से जोड़लसि जेहसे ओह लोग का जिनिगी में बदलाव आ सके. सरकार के योजनन आ कार्यक्रमन के उल्लेख करत पीएम कहलन कि सबका के आवास, किसानन के आमदनी दुगुना करे आ आयुष्मान भारत जइसन योजनन के लक्ष्य का बारे में विपक्ष सोचिओ ना सके.
कहलन कि राजग सरकार के चार बरीस का राज में देश के सवा सौ करोड़ नागरिकन में ई भरोसा उपजल बा कि हिन्दुस्तान बदल सकेला. चार बरीस में हालात बदलल बा, देश ठहराव से निरंतरता का ओर, अव्यवस्था से सुव्यवस्था का ओर, कुशासन से सुशासन का ओर अउर करियाह धन से जनधन का राहे तेजी से बढ़ल जात बा.
पीएम मोदी कहलन कि सरकार सही राह पर चलके जनता के विश्वास आ मत दुनु जीतले बिया आ एकरे परिणाम ह कि पिछला चार बरीस में भाजपा पांच राज्यन में अपना सरकार से आगा बढ़त आजु 20 राज्यन में सरकार चलावत बिया. भाजपा के आजु डेढ़ हजार से अधिका विधायक बाड़ें आ एह चार बरीस में भाजपा ‘पंचायत से पार्लियामेंट’ तक के विशाल पार्टी बन गइल बिया.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up