टटका टटका, अतवार, 13 सितम्बर 2020

by | Sep 13, 2020 | 0 comments

प्रधानमंत्री नरेन्‍द्र मोदी आजु बिहार में पेट्रोलियम क्षेत्र के तीन गो परियोजना राष्ट्र के समर्पित कइलें. एहमें पारादीप-हल्दिया-दुर्गापुर पाइपलाइन के विस्‍तार करत दुर्गापुर-बांका खंड अउर पूर्वी चंपारण आ बांका में रसोई गैस सिलेंडर भरे वाला दू गो एलपीजी संयत्र शामिल बाड़ी स. नौ सौ करोड़ रूपिया के एह योजनन से ढेरे लोगन के रोजगार मिली आ इलाका में नया उद्योगो धंधा खुले के राह बनी. 193 किलोमीटर लमहर दुर्गापुर-बांका पाइपलाइन जवना के आजु उद्घाटन भइल ऊ 679 किलोमीटर लमहर पारादीप-हल्‍दिया-दुर्गापुर गैस पाइपलाइन परियोजना के हिस्सा हवे.

देश के नागर विमानन मंत्री हरदीप सिंह पुरी आजु कहलन कि दरभंगा से दिल्‍ली, मुंबई, अउर बेंगलुरू के दैनिक उड़ान ला एही महीना से बुकिंग शुरू हो जाई आ छठ परब से पहिलहीं दरभंगा हवाई अड्डा से उड़ान शुरू हो जइहें स.

संसद के मॉनसून सत्र काल्हु सोमार से शुरु होखे जा रहल बा आ पहिला अक्टूबर ले चलावल जाई. एह सत्र के शुरू होखे से पहुलहीं सोनिया आ राहुल गाँधी विदेश चल गइल बाड़ें आ शायद सत्र खतम होखे से पहिले लवटि आई लोग. जब देश में कई गो बड़हन मुद्दा पर बहस करे के समय आइल बा त देश के एगो बड़का राजनीतिक गोल के माथ नेतन के देश के बाहर गइल चिन्ता के बाति बा.
बतावल गइल बा कि एह सत्र में प्रश्‍नकाल ना होखी, आ शनिचर अउर अतवारो के बइठक होखल करी.

गृह मंत्री अमित शाह के समहर मेडिकल जाँच करे ला दिल्ली के एम्स में भरती कइल गइल बा. पिछला महीना 30 तारीख के उनुका के कोविड उपचार का बाद एम्‍स से छुट्टी देत घरी एह जाँच को सलाह दीहल गइल रहुवे.

देशभर में आजु मेडिकल स्‍नातक प्रवेश परीक्षा – नीट के सफल आयोजन हो गइल एह परीक्षा में कोविड से बचाव के सगरी एहतियात लीहल गइल आ करीब पन्द्रह लाख विद्यार्थी एहमें शामिल भइले. करीब पौने चार हजार केन्द्र पर ई परीक्षा लीहल गइल.

बरीस 2001 में वेनिस फिल्‍म समारोह में मीरा नायर के फिलिम मानसून वेडिंग के मिलल पुरस्कार का बाद अब उनइस बरीस बाद निर्देशक चैतन्‍य तम्‍हाणे के मराठी फिलिम ‘द डिसाइपल’ ला सबले बढ़िया पटकथा के पुरस्‍कार मिलल बा.

आ अब भोजपुरी पट्टी से कुछ अउरी खबर –

महराजगंज पुलिस सोनौली इलाका से एगो नेपाली तस्कर के सवा छह किलो चरस का साथे गिरफ्तार क लिहलसि.

सोनभद्र जिला के जुगेल इलाका में सोन नदी में नहात मध्य प्रदेश के चार गो लइका डूब गइलें. एहमें से तीन गो के लाश बरामद हो गइल बा आ चउथको के तलाशल जा रहल बा.

गैंगस्टरन का खिलाफ चलत अभियान में जौनपुर जिला के अपराधी गिरोहन के करीब 22 करोड़ के संपति जब्त क लीहल गइल बा. दोसर खबर बा कि मडियाहू कोतवाली इलाका में ठनका गिरला से एगो औरत के मौत हो गइल.

एगो मिनी ट्रक में लुका के बिहार ले जाए वाला एगो आदमी के देवरिया पुलिस लार इलाका से गिरफ्तार कइलसि.

बक्सर जिला के ब्रह्मपुर इलाका से उत्पाद विभाग के टीम ढेरे विदेशी शराब का साथे एगो तस्कर के गिरफ्तार क लिहलसि. बक्सरे के औद्योगिक थाना इलाका से सेना के एगो जवान के शराब के नशा में धुत हालत में पुलिस गिरफ्तार क लिहलसि. एगो अउर खबर बा कि कोडरवां गांव के एगो आदमी शनिचर राति अपना मेहरारु के गड़ांसा से काट के मुआ दिहलसि आ बाद में अपनहुं फाँसी लगा के मर गइल.

सीवान जिला के मैरवा इलाका से आजि एगो पिकअप वैन पर ढेरहन विदेशी शराब मिलला का बाद ओह पर सवार तीन जने के गिरफ्तार क लीहल गइल.

कुशीनगर के तुर्कपट्टी इलाका से एगो फर्जी ग्राहक सेवा केन्द्र चला के खाता धारकन के रुपिया हड़पे वाला गिरोह के पांच गो अपराधियन के गिरफ्तार क लीहल गइल.

प्रयागराज के सराय इनायत इलाका में एगो इनार से एगो लइका के लाश बरामद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up