अरविंद शर्मा यूपी भाजपा के उपाध्यक्ष बनावल गइलें

by | Jun 20, 2021 | 0 comments

(टटका खबर, अतवार, जेठ अँजोरिया दशमी, 2078 विक्रमी)

काल्हु शनीचर का दिने यूपी भाजपा के संगठन में कुछ बदलाव करत अवकाश पा चुकल आईएएस आफिसर रहल आ अब विधानपरिषद में भाजपा के पार्षद अरविंद कुमार शर्मा के प्रदेश भाजपा के उपाध्यक्ष बनावे के एलान कइल गइल. जान जाईं कि अगिला साल विधानसभा चुनाव होखे वाला बा आ ओहसे पहिले चुनाव जीते ला जरुरी ताना बाना बनावल जरुरी समुझत संगठन में खाली पड़ल कुछ पदन पर नया लोग के बइठा दीहल गइल. भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष स्वतंत्रदेव सिंह भाजपा के प्रदेश ईकाई में एह नया नियुक्तियन के एलान कइलें. पुरुषोत्तम द्विवेदी के प युवा मोर्चा अध्यक्ष, राज्यसभा सांसद गीता शाक्य के महिला मोर्चा अध्यक्षा, सांसद कौशल किशेर के अनुसूचित मोर्चा अध्यक्ष, कामेश्वर सिंह के किसान मोर्चा अध्यक्ष, नरेन्द्र कश्यप के पिछडा़ मोर्चा अध्यक्ष, संजय गोंड़ के अनुसूचित जनजाति मोर्चा अध्यक्ष, आ कुंवर बासित अली के अल्पसंख्यक मोर्चा अध्यक्ष बनावल गइल बा.
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ नयका पदाधिकारियन के शुभकामना देत कहले बानी कि सभका प्रयासन से अंत्योदय के संकल्प पूरा होखे का राहे आगा बढ़ी.

ईरान में राष्ट्रपति चुनाव में सैयद इब्राहिम रायसी राष्ट्रपति चुनाइल बाड़ें. उनुकर विरोधी आपन हार सकार लिहले बाड़न. अबहीं ले न्यायपालिका प्रमुख रहल रायसी के ईरान के माथ नेता अयातुल्ला अली खमेनी के समर्थन रहुवे आ अब ऊ अबले राष्ट्रपति रहल हसन रूहानी के जगहा ले लीहें. सैयद रायसी ईरान से भठीयरपन मेटावे आ गरीबी हटावे के वादा कइले बाड़न आ कहले बाड़न कि 2015 में भइल परमाणु समझौता बहाल करावे खातिर अमेरिका से पीठ पीछे बतियावत रहीहें आ चहीहें कि ईरान का खिलाफ लगावल प्रतिबंधन के हटा दीहल जाव.

भारत सरकार स्विट्ज़रलैंड में भारतीयन के जमा राशि में बढ़ोतरी वाला खबर के खंडन करत स्विस अधिकारियन से जानकारी मंगवले बिया. जान जाईं कि दुनिया के सबले धनी औरतन में शामिल एंटोनियो माइनो के गोल आरोप लगवले बावे कि स्विस बैंकन में भारतीयन के करिया धन में बढ़ोतरी भइल बा.

मशहूर अभिनेता रजनीकांत काल्हु शनीचर का दिने अपना इलाज खातिर कतर एलायंस के जहाज से दोहा होत अमेरिका ला रवाना हो गइलें जहवां कुछ बरीस पहिले उनुकर गुर्दा प्रत्यारोपण भइल रहुवे.

उत्तर प्रदेश में बसपा विधान मंडल दल के उप नेता उमाशंकर सिंह मंत्री रह चुकल अंबिका चौधरी पर बसपा से विश्वासघात करे के आरोप लगवले बाड़न. अंबिका चौधरी अपना बेटा आनंद चौधरी का साथे बसपा छोड़ दिहले बाड़न. आनंद चौधरी सपा में शामिल हो गइल बाड़ें आ सपा उनुका के जिला पंचायत अध्यक्ष के उमीदवार बनवले बिया. हालांकि अंबिका चौधरी के कहना बा कि ऊ खुद सपा में शामिल नइखन भइल. अबहीं बसपा छोड़ले बाड़न आ कवनो दोसरा गोल में शामिल होखे के फैसला नइखन कइलें.

काल्हु कांग्रेस के अध्यक्ष रहल राहुल गांधी का जनमदिन पर अमरत्व के उमेद बनवले कुछ बिहारी कांग्रेसी दावा कइलन कि ऊ लोग राहुल के पीएम बनवाईए के रहींहे. 51 बरीस के हो चुकल युवा नेता राहुल गाँधी के कुछ भाजपो नेता औपचारिक बधाई दिहलन. जबकि नरेन्द्र मोदी के पिछला जनमदिन कांग्रेस बेरोजरार दिवस का रुप में मनवले रहुवे.

बिहार भाजपा नेता डा. महाचंद्र प्रसाद सिंह के दावा बा कि राजद कबहियों टूट सकेला आ एह टूट के रोके का कोशिश में लागल लालू प्रसाद दिल्ली में बइठ के जोगाड़ लगावत बाड़न. राजद के बड़का आ पुरान नेतन का बीच शिकायत आम बा कि ओह लोग के कवनो इज्जत नइखे राजद में. जाने जोग बा कि चारा घोटाला के सजायाफ्ता मुजरिम के खराब स्वास्थ्य का नाम पर जमानत मिलला का बाद से ऊ राजनीतिक काम में लागल बाड़न.

देवरिया के जिला पंचायत अध्यक्ष रहल सपा नेता राम प्रवेश यादव के लग्जरी वाहन का काल्हु गैंगस्टर एक्ट का तहत कुर्क कर लीहल गइल. जिला मजिस्ट्रेट आशुतोष निरंजन का आदेश पर गैंगेस्टर ऐक्ट के आरोपी राम प्रवेश यादव के एगो फार्रचुनर कार के जब्त कर लीहल गइल बा.

मिर्जापुर जिला के कछवा इलाका में कटका स्टैण्ड का लगे एगो ऑटो वाला खड़ा ट्रक से टकरा गइल आ एह हादसा में वाराणसी के चोलापुर निवासी ऑटो चालक के मौत हो गइल. एक आदमी घवाहिले भइल बा.

पश्चिम चंपारण के रामनगर इलाका के कुड़िया माई स्थान का नियरा एगो गाछ पर एगो नवही के लाश लटकल बरामद भइल बा.

सोनभद्र के पीपरी इलाका के रेणुकूट से कई दिन से लापता एगो नवही फोन क के अपना मामा के खबर दिहलसि कि ऊ जान देबे जा रहल बा आ रिहंद डैम में कुद गइल.

बक्सर जिला के सिकरौल इलाका में शनीचर का दिने एगो कार नहर में गिर गइला आ एह हादसा में एगो नवही के मौत हो गइल.

बलिया के रसड़ा कोतवाली इलाका में कमतौली चट्टी का लगे एगो डीसीएम गाड़ी मोटर साइकिल के धक्का मार दिहलसि. सिसवार कलां गाँव के निवासी मोटर साइकिल चालक के मौत हो गइल आ पीछे बइठल ओकर दोस्त घवाहिल हो गइल.

जौनपुर के मुंगरा बादशाहपुर इलाका के लतहरिया में जमीन का झगड़ा में एगो नवही के मौत हो गइल आ दू जने घवाहिल हो गइलें.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up