विजय लाल यादव आ वर्षा तिवारी के जोड़ी बने लागल बा

by | Feb 8, 2011 | 0 comments


भोजपुरी फिल्म “बुलन्दी” में पहिला बेर साथे काम कर रहल विजय लाल यादव आ वर्षा तिवारी के जोड़ी फिल्म के शूटिंग खतम होखला का बाद आजु काल्हु अकसरहाँ संगे संगे घूमत नजर आवत बा लोग. फिल्म के अब पोस्ट प्रोडक्शन काम चल रहल बा. अपना जोड़ी बनला से खुश विजय लाल यादव के कहना बा कि कवनो मरद का जिनिगी में जब सही औरत आवेले त ऊ आदमि सफलता के शिखर छूवे लागेला. कहले कि उनुको जिनिगी में अइसने खुशनुमा बदलाव आइल बा जवना से ऊ बहुते खुश बाड़न. फिल्म का बारे में बतावत विजय लाल के कहना रहे कि ई फिल्म एक्शन प्रधान पारिवारिक फिल्म होखी जवना के अशोक अत्रे बहुते लाजवाब तरीका से निर्देशित कइले बाड़न. फिल्म के निर्माता निखिल नन्दा, गीतकार मुन्ना दूबे आ अशोक सिन्हा, संगीतकार के॰ रत्नेश, कैमरामैन जगविन्दर हुडा, नृत्य निर्देशक कानू मुखर्जी. आ फाइट मास्टर मंगल फौजी हउवे. फिल्म के कलाकारन में विजय वर्षा के मुख्य जोड़ी का अलावे दीपक दूबे, राखी त्रिपाठि, बालेश्वर सिंह, प्रिया शर्मा, मनोज द्विवेदी, सीमा सिंह, रोजा उस्मानि, संजय पाण्डेय, संतोष श्रीवास्तव वगैरह शामिल बाड़े.


(स्रोत – संजय भूषण पटियाला)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up