टटका खबर, सोमार, 7 सितम्बर 2020

by | Sep 8, 2020 | 0 comments

यूपी के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ जी सोमार का दिने गोरखपुर के बाबा राघवदास मेडिकल कॉलेज अस्पताल में कई नया निर्माण के उद्घाटन कइलें. एह में प्रदेश के पहिलका बायोसेफ्टी लैब, तीन सौ बेड के नया लेवल थ्री अस्पताल, गेस्ट हाउस, आ सौ बेड के पीजी हॉस्टल शामिल बा. पहिले के लेवल थ्री अस्पताल के क्षमता बढ़ा के अब 70 बेड के गहन चिकित्सा कक्ष आ 130 बेड के आइसोलेशन वार्ड बना दीहल गइल बा.

देश के कई शहरन में मेट्रो रेल सेवा सोमार का दिन से फेरु शुरु हो गइल. मुम्बई सरकार मुम्बई में मेट्रो शुरु करे के इजाजत ना दिहलसि त ओहिजा अबहीं बन्दे रही. अनलॉक चार के प्रावधान लागू भइला का बाद अब देश में आदमी भा सामान के आवाजाही पर कवनो रोक नइखे रहि गइल,

सारण जिला के गड़खा इलाका के करना दखिन टोला गांव के एगो लइका साइकिल से घरे आनत घरी एगो मोटरसाइकिल से लागल धक्का का चलते मर गइल. मोटरसाइकिल छोड़ के ओकर सवार भाग पराइल. रिविलगंज इलाका में माँझी स्वास्थ्य केन्द्र पर ड्यूटी पर जात गुदरी राय चौक के रहे वाली महिला के स्कूटी में ट्रक के धक्का लगला से ओकर मौत हो गइल. ट्रक चालक ट्रक चलावत भाग निकलल. गड़खा इलाका के पोहिया गांव के एगो आदमी बाढ़ का पानी में डूब गइल. डोरीगंज इलाका के मुसेपुर गांव के एगो तीन बरीस के लइका के ट्रैक्टर से कचरइला का बाद ओकर चालक भाग पराइल. खिसियाइल लोग ट्रैक्टर में आग लगा दीहल.

कुशीनगर के बसडीला गांव के बगही टोला से पिछला सप्ताह से लापता औरत के लाश सोमार का दिने ऊँख का खेत से बरामद भइल बा. तरयासुजान इलाका के रामपुर बंगरा में सोमार का सबेरे आइल हमलावर एगो नवही के दोली मार के मुआ दिहलें. भागत घरी एगो हमलावर गिर पड़ल जवना के लोग पीट पीट के मुआ दीहल.

पलामू जिला के हुसैनाबाद इलाका में सोमार का दिने उत्तर कोयल नहर से दू गो लाश बरामद भइल.

गोण्डा जिला के वजीरगंज इलाका में भइल सड़क हादसा में अपना जीजा का साथे बाइक से जात एगो अध्यापिका के मौत हो गइल. बाइक चालक जीजा घवाहिल हो गइल बाड़न. हादसा करे वाला टैंकर चालक भाग पराइल.

बक्सर ज़िला के डुमरांव इलाका के एगो किराना व्यवसायी रुपिया बैंक में जमा करावे जात कर्मचारी के बाइक के डुमरांव शहीद स्मारक का नियरा धक्का मारि के गिरा दिहला का बाद बाइक से आइल बदमाश पौने लाख रुपिया राखल बैग छिनत फरार हो गइले.

पिछला 31 अगस्त के भइल हत्या का मामिला में चंदौली पुलिस मरे वाला का साथही मेंहदी बाडी मेकर गैराज में काम करे वाला विनोद विश्वकर्मा के गिरफ्तार कर लिहलसि.

बस्ती जिला के हरैया इलाका में शौचालय निर्माण में करीब पौन करोड़ के घपला करे के आरोपी ग्राम पंचायत अधिकारी के गिरफ्तार कर लीहल गइल बा.

सोनभद्र के बीजपुर इलाका में एनटीपीसी रिहंद परिसर का पोखरा में डूबला से डोडहर निवासी एगो संविदा श्रमिक के मौत हो गइल. रायपुर इलाका में सीलहट डैम पर पिकनिक मनावे गइल लोगन पर अचके में हड्डा के झुन्ड हमला करि दिहलसि. एह हमला से सेमरिया गांव के रहे वाला परिवार के पिकनिक मनावे आइल सगरी जने घवाहिल हो गइलें. बाद में इलाज का दौरान दू जने के मौत होखे के खबर बा.

बलिया जिला के हल्दी इलाका के जवहीं गांव में अपना घर का सोझा अपना मेहरारु का साथे बइठल एगो आदमी के ओकर पटीदार गोला मार के हत्या कर दिहलसि.

गोंडा जिले के इटियाथोक इलाका के मनोरमा गांव में संपटि बटवारा के झगड़ा में एगो बेटा अपना बाप के खून कर जिहलसि आ अपना छोटका भाई के घवाहिल कर दिहलसि.

पश्चिम चंपारण जिला के भीतहा इलाका में हथुअहवा गांव में नाजायज मिनी गन फैक्ट्री के उद्भेदन करत पुलिस ओकरा संचालक आ कारीगर के मौके से गिरफ्तार कर लिहलसि.

गाजीपुर के शहर कोतवाली इलाका के आदर्श गांव में छेदी बाबा मंदिर परिसर में एगो नवही के लाश गाछ पर टंगाइल बरामद भइल बा.

बक्सर जिला के इटाढ़ी इलाका के कुकुढा गांव का नियरा चौसा रोड पर सड़क किनारे पड़ल एगो नवहिन के लाश बरामद भइल. ओकर पहचान नइखे भइल. दोसरा खबर में बा कि मुफस्सिल इलाका में बाबा नगर से नेहरू नगर के रहे वाला एगो आदमी के लाश बरामद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up