टटका खबर, अतवार, 11 अप्रैल 2021

by | Apr 11, 2021 | 0 comments

पश्चिम बंगाल विधानसभा चुनाव के चउथका डेग पाँच गो अनेरियन के जान ले के बीतल. कुछ दिन पहिले ममता बनर्जी अपना गोल के सहकवले रहली कि अगर सुरक्षा बलन का चलते कवनो दिक्कत होखत होखे त सुरक्षा बल के घेरा बान्ह द लोग. एही सहकावा में आ के कूचबिहार जिला के शीतलकुची के पागलपीर में एगो बड़हन भीड़ केंद्रीय औद्योगिक सुरक्षा बल के जवानन के घेर लिहलसि आ ओकरा पर हमला बोल के हथियार छीने के कोशिश करे लागल. मजबूरन अपना जान आ हथियार बचावे खातिर सुरक्षा बल के गोली चलावे के पड़ गइल आ पाँच गो अनेरियन के मौत हो गइल. अब ममता अपना बदले अमित शाह के दोषी बतावत उनुकर इस्तीफा मंगले बाड़ी. सोचत बाड़ी कि उनुकर हुक्म मानत शाह इस्तीफा देइए दिहें. एगो कहाउत ह – ई मुँह अ मसूर के दाल. एह फसाद से पहिले एगो हिन्दू नवही के वोट का लाइन में खड़ा रहते में गोली मार दीहल गइल जवना का बाद फसाद बढ़त चल गइल. चुनाव आयोग एहिजा के चुनाव रद्द करे के एलान कर दिहले बावे.

दुनिया में कोरोना भा कोविड-19 के पसार आ पिरहार में कवनो कमी आवे के संकेत काल्हुओ ना लउकल. काल्हु दुनिया में 9 लाख 13 हजार से अधिका लोग एकर छूताह हो गइल. एहमें से 1 लाख 45 हजार से अधिका लोग अकेले भारत में मिलल.

सारण जिला के डेरनी इलाका के बजराहां गांव के एगो बूढ़ गोड़ बिछलइला चलते पोखरा में गिर गइलन आ डूबाह पानी का चलते डूब के मर गइलन. गाँव के लोग उनुका के निकाल के अस्पताल ले गइल बाकिर उनुकर मौत हो चुकल रहुवे.

सारणे जिला के मशरक इलाका के हंसापीर गांव के आदमी अपना खेत में पड़ल गेंहू आ भूसा के बरखा से बचावे ला तिरपाल ओढ़ावे गइल रहुवन. बाकिर भूसा पर गिरल बिजली तार के करंट से उनुकर मौत हो गइल.

सारण जिला से एगो अउर खबर बा अमनौर इलाका से. अमनौर बाजार के एगो दू बरीस के लइका कार से कचरइला का चलते मर गइल. कार वाला कार ले के भाग निकलल.

गोपालगंज जिला के गोपालपुर इलाका के राजापुर गांव में जमीनी विवाद का चलते अपना दुआरी बइठल एगो बूढ़ के मोटरसाइकिल से आइल दू गो बदमाश गोला मार दिहले सँ. इनुकर बेटी एगो के पकड़ लिहलसि त दोलरका उनुको के गोली मार गिहलसि. बूढ़उ के त ठाँवे पर मौत हो गइल बाकिर घवाहिल बेटी के इलाज हो रहल बा.

बक्सर जिला के राजपुर इलाका के डिहरी गाँव में एगो बैंक के गाहक सेवा केन्द्र पर लूट करे आइल बदमाशन के गिरोह लूट के विरोध कइला पर तीन आदमी के गोली मार घवाहिल क गइले सँ.

वाराणसी ज्ञानवापी मस्जिद विवाद मामिला में मस्जिद पक्ष का ओर से एगो आदमी मंदिर पक्ष के वादी 75 वर्षीय हरिहर पांडेय के फोन क के जान से मारे के धमकी दिहलसि. कहलसि कि मुकदमा त जीत जइब बाकिर जान हारल तय बा तोहार.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up