टटका खबर, मंगल, वैशाख अन्हरिया अष्टमी, 2078 विक्रमी

by | May 4, 2021 | 0 comments

उत्तर प्रदेश में भइल तीन तल्ला पंचायत चुनाव के मतन के गिनिती के काम अबहियों जारी बा. देर रात ले 232612 सदस्य ग्राम पंचायत, 38317 प्रधान ग्राम पंचायत, 55926 सदस्य क्षेत्र पंचायत एवं 181 सदस्य जिला पंचायत के परिणाम घोषित हो चुकल बा. भाजपा के दावा बा कि घोषित 2008 परिणामन में से 918 पर भाजपा उम्मीदवार जीतल बाड़ें आ 456 पर आगे चलत बाड़ें. विपक्षी खेमा आ मीडिया में पसरल सन्नाटो एकर तसदीक करत बा. विधानसभा में नेता प्रतिपक्ष रामगोविन्द चौधरी के बेटा चुनाव हार गइलें आ सपा के कई एक दिग्गजनों के घर परिवार के उमीदवार हारे वाला सूची छपले बाड़ें.

पश्चिम बंगाल में ममता के निर्ममता भाजपा समर्थकन पर कहर बन के गिरल चालू बा. चुनावे का दौरान ममता कहले रहली कि केन्द्रीय सुरक्षा बल हमेशा एहिजा ना रहीहें आ उनुका जातहीं हिसाब किताब कर लीहल जाई. अबहीं सुरक्षा बल बड़ले बाड़ें बाकिर भाजपा समर्थकन पर हमला आ हत्या बेरोकटोक जारी बा. केन्द्र सरकार एह हालात का बारे में राज्य सरकार से जवाब मँगले बिया बाकिर कवनो जबाब नइखे आइल. राज्यपालो अधिकारियन से रपट मँगवले बाकिर उनुको के कवनो जानकारी नइखन देत राज्यसरकार के अधिकारी. एह बीच अपना खुद के चुनाव हार चुकल ममता राज्य के मुख्यमंत्री पद के किरिया 5 मई का दिने लीहें एकर एलान हो चुकल बा.

छत्तीसगढ़ के कांग्रेस सरकार के पक्षपाती रवैया एह हद ले गिर चुकल बा कि ओहिजा कोरोना टीको लगावे में आरक्षण लगा दिहले बिया कांग्रेस सरकार. एह आदेश का खिलाफ अमित जोगी बिलासपुर उच्च न्यायालय में याचिका दायर कइले बाड़न.

बक्सर जिला के धनसोई इलाका के खोटरिया गाँव में जरजमीन का झगड़ा में एगो चाचा अपना भतीजा के गोली मार के फरार हो गइल बा.

जौनपुर जिला के मछलीशहर प्रखण्ड के आदर्श ग्राम पंचायत करियांव में आशा किन्नर भोजपुरी फिल्म पिंटू सिंह के हरा के ग्राम प्रधान पद जीत लिहले बाड़ी.

रोहतास जिला के सासाराम इलाका के बांसा गाँव के लगे एगो पेट्रोल पंप के मैनेजर से सवा नौ लाख रुपिया लूट लीहल गइल जब ऊ रुपिया ले के बैंक में जमा करावे जात रहलन.

पश्चिम चंपारण जिली के भैरोगंज इलाका में पुलिस ने सोमार का दिने दू गो शराब तस्करन के गिरफ्तार कर लिहलसि. दुनु गोवर्धना इलाका के हउवें.

सारण जिला के सोनपुर इलाका के परमानंदपुर पंचायत के मुखिया किशोर कुमार राय के बड़का भाई रमेश राय के गोली मार के हत्या कर दीहल गइल बा.

सारण जिला के बनियापुर इलाका में सोमार का दिने भइल सड़क हादसा में मशरख इलाका के गंगौली के एगो नवही के मौत हो गइल आ एक जने घवाहिल हो गइलें.

सारण जिला में दाउदपुर टीसन का लगे जैतपुर रेलवे ढ़ाला पर ट्रेन से कटा के पुलुई गाँव के एगो बूढ़ के जान चलि गइल.

कुशीनगर के फाजिलनगर ब्लाक के महुअवा कारखान गांव में एही साल बियाह के आइल दुलहिन गाँव के प्रधानी के चुनाव जीत गइल.

बंगलादेश में कंथलबारी घाट पर सोमार का दिने दू गो नाव अपने में टकरा गइली सँ आ एह हादसा में एगो नाव डूब गइल आ नाहियो त दू दर्जन लोग के जान चलि गइल.

आई.पी.एल. क्रिकेट में कोलकाता नाइट राइडर्स आ रॉयल चैलेंजर्स बैंगलोर का बीच काल्हु खेलल जाए वाला मैच अब कुछ दिन बाद होई काहें कि कोलकाता नाइटराइडर्स के दू गो खिलाड़ियन के कोरोना छूत हो गइल बा.

विधानसभा चुनावन के परिणाम का बाद काल्हु देश के शेयर बाजार में गिरावट के रुख देखे के मिलल. सेंसेक्‍स 64 अंक गिरल जबकि निफ्टी महज तीन अंक चढ़ि के बंद भइल.

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up