ये है स्वर्ग हमारा फिल्म के पहिलका झलक

by | Jan 30, 2024 | 0 comments

अमृता आर्ट्स के बैनर तर बनल निर्माता-निर्देशक अउर लेखक मुरली लालवानी के भोजपुरी फिलिम ‘ये है स्वर्ग हमारा’ के पहिलका झलक पिछला दिने मीडिया के देखावल गइल.

एह फिलिम में भोजपुरी सिनेमा के पुरनिया कलाकार आ सुपर स्टार रहल कुणाल सिंह एगो महत्वपूर्ण भूमिका में नजर अइहें. मुख्य जोड़ी रूपा मिश्रा अउर विमल पांडेय के बा जिनका साथे राज यादव, सौरभ शर्मा, उमेश सिंह, रिद्धिमा सिंह, अंकिता, खुशी मौर्य, राजा भोजपुरिया, कुमार प्रीतम, अउर अर्जुन सिंह वगैरह शामिल बाड़ें.

निर्माता मुरली लालवानी बतवलन कि ‘ये है स्वर्ग हमारा’ पारिवारिक मूल्य पोषित करेवाली एगो सार्थक अउर उद्देश्यपुरावे वाली फिलिम होखी. लेखको का नजरिया से उनकर कहना बा कि, ‘ये है स्वर्ग हमारा’ रिश्तन के टूटत धागन के मजबूती से जोड़ले राखे के एगो ईमानदार कोशिश हवे आ उमेद करत बानी कि सुधी दर्शकन के ई बहुते पसन्द आई.

‘ये है स्वर्ग हमारा’ फिल्म के तकनीकी पक्षो मजगर बा. छायांकन कइले बाड़न विकास पांडेय, संगीतकार आ गीतकार राजा भोजपुरिया, एडिटर राकेश महतो, फाइट मास्टर आर.के. श्री, नृत्य निर्देशक कुमार प्रीतम आ ज्ञान सिंह, आर्ट निर्देशक इमरान के आ प्रोडक्शन-लक्की पाटिल के हवे.

उमेद बा कि जल्दिए हमनी के एगो साफ सुघर मनोरंजक भोजपुरी फिलिम देखे के मिली.

(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up