हैवान के सफलता का खुशी में भव्य आयोजन

by | Jan 30, 2024 | 0 comments

ब्लैक हिल्स फिल्म प्रोडक्शन हाउस प्रा. लि. के बैनर तर बनल हिन्दी फिल्म ‘हैवान’ पिछला हफ्ता मुंबई, गुजरात अउर सौराष्ट्र में रिलीज़ होके सफलता पा रहल बावे. एकरे खुशी में पिछला दिने प्रोडक्शन टीम अंधेरी पश्चिम के ओशिवरा के एगो वेंक्वेट हॉल में भव्य कार्यक्रम के आयोजन कइल गइल. एह मौका पर निर्देशक-अभिनेता विराट क्षत्रिय, फिल्म वितरक संजय जोशी, नीमो जाधव, संगीतकार सिद्धांत क्षेत्री, गीतकार दीन मोहम्मद, अमित क्षेत्री, सिनेमाटोग्राफर कुणाल का साथे-साथ अभिनेत्री रोशनी ठाकुर, अभिनेता रमेश गोयल आ अउरिओ कलाकार एहमें शामिल भइलें.

एह फिल्म के मुख्य कलाकारन में किरण कुमार, दीपिका चिखलिया, पूजा ददवाल, अहसान कुरैशी शामिल बाड़न. फिल्म के निर्देशक विराट क्षत्रिय एकर टाइटल भूमिको कइले बाड़न.

मेहमानन आ मीडिया के सम्बोधित करत निर्देशक क्षत्रिय कहलन कि फिल्म ‘हैवान’ मुंबई, गुजरात आ सौराष्ट्र में बहुते सफल रहल जवना से हमरा बहुते खुशी बा. एकरा ला हम कलाकारन समेत सगरी टीम के आभारी बानी. फिल्म के विषय सामाजिक, पारिवारिक हवे. एकर मुख्य कथानाक ई बा कि कवना तरह से लोग एगो सामान्य मनई के कबो कबो अतना परेशान कर देलें कि ऊ मजबूरन ‘हैवान’ बन जाला.

बतवलन कि एह फिलिम में रामायण सीरीयल के सीता मईया दीपिका चिखलिया एगो समाज सेविका के किरदार में बाड़ी.

(स्रोत – समरजीत)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up