निरहुआ आ आम्रपाली दूबे के वेबसीरीज पूर्वांचल के ट्रेलर रिलीज

by | Feb 19, 2024 | 0 comments

वइसे भोजपुरी सिनेमा मे जेही होला ऊ सुपर स्टारे होला, ठीक ओही तरह जइसे भोजपुरी के कवनो संस्था भा सम्मेलन विश्व सम्मेलन से कमो रही त कम से कम अखिल भारतीय त रहबे करी. बीस बरीस से भोजपुरी में दुनिया के पहिला वेबसाइट अंजोरिया डॉट कॉम के प्रकाशन करत रहला का दौरान अबहीं ले हमरा कवनो सारण जिला भोजपुरी सम्मेलन, बलिया जिला भोजपुरी सम्मेलन, भा आरा जिला भोजपुरी सम्मेलन जइसन कवनो कार्यक्रम के जानकारी नइखे मिलल. रउरा कह सकीलें कि सावन में सियार जनमलें, भादो में बाढ़ आइल त कहे लगलन कि आजु ले अइसन बाढ़ ना देखले रहीं अपना जिनिगी में वाला हाल में बानी हम. जानकारी हमरा ना मिलल त अइसन त होखी ना कि भइलहूं ना होखी. अगर रउरा लगे अइसनका कवनो जानकारी होखे त हमरा के जरूर बताईं.

रउरा सोचत होखब कि मथैला में फिल्मी ट्रेलर के बात आ लिखलका में दोसरका चर्चा ! त आईं असल मुद्दा पर आवत बानी.

सुने के मिलल कि भोजपुरी के जानल मानल अभिनेता, आ आजमगढ़ से भाजपा सासद निरहुआ के एगो भोजपुरी वेब सीरीज के ट्रेलर रिलीज भइल बा. एकर निर्माता हउवन भोजपुरी फिलिमन के मशहूर निर्माता अभय सिन्हा. जिनका कंपनी यशी फिल्म्स प्राइवेट लिमिटेड के बैनर में एकरा के बनावल गइल बा आ जवन 21 फरवरी के ओटीटी प्लेटफार्म चौपाल पर होखे जा रहल बा. त सोचनीं कि हमहूं देखीं कइसन सीरीज बनल बा. काहे कि एने ढेर दिनन से भोजपुरी के फिलिमन भा वेबसीरीजन के चरचा सुने के ना मिलत रहुवे.

सीधे चहुँप गइनी यू ट्यूब पर खोजे लगनी. पहिले त बुझइबे ना कइल कि कवना ट्रेलर के देखीं. एगो ट्रेलन बरीसन पहिले बनल भोजपुरी फिलिम पूर्वांचल फाइल्स के मिलल बाकिर ओहमें निरहुआ चाहे आम्रपाली दूबे के ना देखनी. कुछ वीडियो मिलली सँ जवना मेंं एकर चरचा त रहुवे बाकिर ऊ कवनो रिपोर्टर का तरफ से. शायद हम खोज ना पवनी बाकिर जवन मिलल तवना में पूरा ट्रेलर में भोजपुरी सुने के ना मिलल.

बाकिर निरहुआ आ आम्रपाली दूबे के कवनो वेब सीरीज होखो आ उहो पूर्वांचल पर ऊ चाहे जवने भाषा में होखे ओकरा के भोजपुरी के बतावल जा सकेला. दोसरे कवनो ओटीटी प्लेटफार्म पर रिलीज होखे वाली एह भोजपुरी वेब सीरीज में हो सकेला कि भोजपुरी होखबो करे. अब त पहिले देख सकब त देखब आ ओकरा बाद रउरा सभे से ओकर जानकारिओ बाँटब.

वहीं निर्माता अभय सिन्हा ने बताया कि इस वेब सीरीज की शूटिंग साल 2023 मुंबई में की गई है, जिसके निर्देशक धीरज पंडित हैं। पूर्वांचल भोजपुरी की पहली फुल प्लेज वेब सीरीज है, जिसका ट्रेलर दर्शकों के।सामने है। यह एक बेहद ही दमदार कहानी पर आधारित है और ये वेब सीरीज पूर्ण रूप से भोजपुरी भाषा में है। यूं तो पूर्वांचल पर कई सारी सीरीज बन चुकी हैं लेकिन उनकी ये कहानी बाकियों से काफी अलग है, इसका अंदाजा इसके ट्रेलर से आप लगा सकते हैं।

एह वेबसीरीज के शूटिंग पिछला साल मुबई में करावल गइल रहुवे. आ निर्देशक हउवन धीरज पंडित.

रउरो सभे देखीं

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up