उमंग से मनावल गइल मुंबई में बिहार दिवस

by | Mar 28, 2024 | 0 comments

बिहार सरकार के संस्था बिहार फाउंडेशन के मुंबई शाखा मुंबई के षणमुखानंद हॉल में बिहार स्थापना दिवस, जवना के बिहार दिवस का नामो सेे जानल जाला, मनवलसि. एह कार्यक्रम में तीन हज़ार से बेसी लोग उमंग से शामिल भइल.

बिहार सरकार अपना ब्रांडिंग, बॉन्डिंग आ बिजनेस खातिर कई राज्यन में बिहार फाउंडेशन के चैप्टर्स बनवले बिया. एकर काम होला अप्रवासी बिहारियन आ स्थानीय नागरिकन का बीच आपसी साझेदारी बढावत ओह राज्य में आपन वाणिज्यिक हित साधल.

मुंबई मेें बिहार फाउन्डेेशन के आपन भवन मस्जिद बन्दर का नियरा समीप 155 करोड़ के लागत सेे बनावेे केे योजना बा. एही भवन मेें बिहार केे निवेेश आयुक्त के कार्यालय, पर्यटन कार्यालय, आ स्वास्थ्य सेवा खातिर मुंबई आवेे वाला मरीजन केे परिजनन केे रहहूं के व्यवस्था कइल जाई. बिहार फाउन्डेेशन केे अध्यक्ष आईपीएस अधिकारी कैैसर खालिद बतवलन कि बिहार भवन बनावेे खातिर कन्सलटेन्ट केे चुन लीहल गइल बा आ उमेेद बा कि सगरी काम बहुतेे तेेजी सेे पूरा कर लीहल जाई.

बिहार दिवस उत्सव 2024 केे मुख्य अतिथि रहलन अल्केम लेबोरेटरीज के चेयरमैन बी. एन. सिंह, जेे संप्रदा सिंह केे छोटका भाई हउवन. अपना अध्यक्षीय भाषण में बी. एन.सिह कहलन कि, बिहारियन में टैलेंट केे कमी नइखे. कमी बा त सही प्रोत्साहन मिलला केे.

बिहारे से जुड़ल पोटरी कलाकार पद्मश्री ब्राह्णदेव पंडित विशेष अतिथि का रूप में उपस्थित रहलन. उनुकर कहना रहेे कि आदमी के अंदर प्रतिभा होखेे आ ऊ प्रयत्न करत रहे त सफलता जरूरे मिलेला.

विशेष अतिथि अभयो सिन्हा रहलन जे भोजपुरी फिलिमन के बड़का निर्माता हउवन आ इंडियन मोशन पिक्चर्स प्रोड्यूसर्स एसोसिएशन के अध्यक्ष बने वाला पहिलका बिहारी हउवन.

प्रधान आयकर आयुक्त आ बिहार फाउंडेशन के सी ई ओ रहल रविशंकर श्रीवास्तव बिहार फाउंडेशन मुंबई केे काम केे सराहत कहलन कि फाउंडेशन अपना लक्ष्यप्राप्ति ला लगातार प्रयास करत रहो.

बिहार इंडस्ट्रीज एसोसिएशन के अध्यक्ष रहल के.पी.एन. केसरी कहलन कि मुंबई में रहे वाला प्रवासी बिहारियन के बिहारो में निवेश करे के चाहीं.

कार्यक्रम मेें बिहार आ महाराष्ट्र के सांस्कृतिक झलको लउकल. गायिका देवी आ प्रिया मल्लिक अपना गवनई से लोगन के मोह लिहल लोग. कत्थक नृत्य, लावणी, गोंधळ अउर कोली नृत्य के प्रस्तुतिओ भइल जवना के बहुते सराहल गइल.

चिंटू पाण्डेेेय केे सम्मानित करत अध्यक्ष कैसर खालिद

कार्यक्रम केे संचालन हिंदी कवयित्री अउर लेखिका ज्योति त्रिपाठी कइली. एह अवसर पर भोजपुरी अभिनेता चिंटू पांडेय, अनारा गुप्ता, संगीत निर्देशक सरोज सुमन, निदेशक राजकुमार पांडेय, निर्माता निशांत उज्जवल, केे सम्मानित कइला का साथेेे बिहार फाउंडेशन सम्मान से आईआईटी प्रोफ़ेसर रवि सिन्हा केे आ बिहार मित्र अवार्ड से सोनू सूद अउर मधुकांत पथरिया के सम्मानित कइल गइल.बिहार मित्र सम्मान से सम्मानित अभिनेता सोनू सूद के बिहार से पुरान रिश्ता हवे. ऊ हमेशा सेे बिहारी कलाकारन केे सपोर्ट करत रहेलेें.

कार्यक्रम के संयोजन आ संचालन में आयुक्त निर्यात एवं बिहार फाउंडेशन मुंबई के उपाध्यक्ष असलम हसन, आयकर आयुक्त सुमन कुमार, बिहार फाउंडेशन के उपाध्यक्ष आ सचिव सुखदेव शर्मा, संयोजक रणवीर, अउर प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत केे खास सहजोग रहल कार्यक्रेम के सफल बनावेे में.

इस अवसर पर संजय सरन, के के मिश्रा, पूर्व सचिव अहसान हुसैन, शुभ चंद मिश्रा, रवीन्द्र झा, रंजीत यादव, नरेंद्र सिंह, कैप्टन एन बी पांडेय, अनूप कुमार पांडेय, सुमन कुमार, दया किशोर भारती, संजीव दूबे विनोद गुप्ता, संतोष कुमार , शीला चंद झा, बीके सिंह , निरंजन कुमार, यासीन अंसारी, अबरार शेख, मुश्ताक भाई अंसारी, राजकुमार, सोनू शाह, मनोज सिंह आदि सम्मानित अतिथि उपस्थित रहलें.

(स्रोत – प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत केे भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं. यूपीआई पहचान हवे - भा सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.
अबहीं ले 12 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार आठ सौ सतासी रुपिया के सहयोग मिलल बा. सहजोग राशि आ तारीख का क्रम से पाँच गो सर्वश्रेष्ठ भामाशाह -
(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(3)

24 जून 2023 दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया
(4)
18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया
(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

(11)
24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया

पूरा सूची
एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.

संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up