आकाश योगी ले आवत बाड़े "चलल लाल चिंगारी"

by | Jan 23, 2012 | 0 comments

ए. एस. मीना फिल्मस् के बैनर तले बनत बड़हन एक्शन प्रधान फिल्म ‘‘चलल लाल चिंगारी’’ लेके आवत बाड़न पटना के रहे वाला निर्देशक आकाश योगी. ई फिल्म पूरा तरह बिहार के एगो साँच घटना पर आधारित बावे. आतंकवादी कइसे धन बिटोरेले आ एह कलयुग में एकनीओ के का मजबूरी होले, कवन लोग एकनी के मजबूर करेले वगैरह देखावल जाई एह फिलिम का जरिये.

बतावल जात बा कि एह फिल्म के जल्दिये रिलीज कइल जाई. एहमें कुल आउ गो बहुते कर्णप्रिय आ मनमोहक गाना बाड़ी सँ. एह फिल्म का जररिये अभिनेता राहुल सिंह के परदा पर पहिला बेर उतारल जात बा. उनुकर साथ दिहले बाड़ी अभिनेत्री सरिका संघमित्रा. फिल्म के प्रस्तुत करत बाड़े सुरेन्द्र कुमार आ आनंद मधुकर.

निर्माता योग नारायण, लेखक निर्देशक आकाश योगी, पटकथा संवाद सतेन्द्र स्वामी, गीत. बी. साही, संगीत अरविंद मधुर, छायांकन अरूण मिश्रा, नृत्य निक्की बत्रा, केदार सुब्बा, फाइट जीतू सिंह, आर्ट मुकेश सिंह, सुनील झा के बा.

मुख्य कलाकारन में नवोदित राहुल सिंह, सारिका संघमित्रा, प्रीति सिंघानिया, चन्द्र भूषण तिवारी, पूजा पंडित, आर. एस. गिरी, इंदर उपाध्याय, लक्ष्मी, अर्चना मांसी, छाया वर्मा, आकाश योगी, सोनम आ उपासना सिंह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up