‘कब जागोगे’ के शूटिंग पूरा भइल

by | Feb 14, 2012 | 0 comments

ब्लैक कोबरा फिल्म्स के प्रस्तुति आ पूनम प्रोडक्शन इंटरटेंमेंट के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘कब जागोगे’ के पूरा शूटिंग हालही में उ.प्र. के जौनपुर में करा लिहल गइल. फिल्म के निर्माता आर.के. निषाद आ निर्देशक अनिल लहरी हउवे. अनिल लहरी एहसे पहिले ‘पिया तोहरे बिना’ आ ‘पिया का घर’ के निर्देशन कर चुकल बाड़े.

‘कब जागोगे’ भठियरपन का खिलाफ लड़ाई लड़त एगो सामाजिक फिल्म हवे, जवना में एगो बरोबरी वाला समाज बनावे के सपना साकार करे के कोशिश कइल गइल बा, ई फिल्म बहुत हद ले अन्ना हजारे के भठियरपन विरोधी आन्दोलन के समानान्तर चलत बा, जे जागृति ले आवे के काम करत लउकी.

एह फिल्म के लेखक सागर अंजाना, गीतकार जिग्नेश भ्रमर, संगीतकार गणेश पाण्डे अउर घुंघरू, गवनिहार कल्पना, इंदू सोनाली, नितेश सिंह, अलका झा, सुषमा सोनी, शिवांगी श्रीवास्तव आ घुंघरू, कैमरामैन हीरा सरोज, सह-निर्माता हीरा लाल यादव अउर नरेन्द्र निषाद हउवे.

फिल्म के कलाकारन में सुजीत कपूर, रश्मि श्रीवास्तव, राकेश पाठक, रूबी सिंह, प्रियंका, जफ़र खान, अर्पणा पाठक, कृष्णा मिश्रा, अनीता यादव, आर.के. वियोग, अजय शानू वगैरह के नाम बा.


(समरजीत के भेजल रपट)

Loading

0 Comments

Submit a Comment

This site uses Akismet to reduce spam. Learn how your comment data is processed.

अँजोरिया के भामाशाह

अगर चाहत बानी कि अँजोरिया जीयत रहे आ मजबूती से खड़ा रह सके त कम से कम 11 रुपिया के सहयोग कर के एकरा के वित्तीय संसाधन उपलब्ध कराईं.
यूपीआई पहचान हवे -
anjoria@uboi


सहयोग भेजला का बाद आपन एगो फोटो आ परिचय
anjoria@outlook.com
पर भेज दीं. सभकर नाम शामिल रही सूची में बाकिर सबले बड़का पाँच गो भामाशाहन के एहिजा पहिला पन्ना पर जगहा दीहल जाई.


अबहीं ले 11 गो भामाशाहन से कुल मिला के छह हजार सात सौ छियासी रुपिया के सहयोग मिलल बा.


(1)
अनुपलब्ध
18 जून 2023
गुमनाम भाई जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(3)


24 जून 2023
दयाशंकर तिवारी जी,
सहयोग राशि - एगारह सौ एक रुपिया

(4)

18 जुलाई 2023
फ्रेंड्स कम्प्यूटर, बलिया
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(7)
19 नवम्बर 2023
पाती प्रकाशन का ओर से, आकांक्षा द्विवेदी, मुम्बई
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


(11)

24 अप्रैल 2024
सौरभ पाण्डेय जी
सहयोग राशि - एगारह सौ रुपिया


पूरा सूची


एगो निहोरा बा कि जब सहयोग करीं त ओकर सूचना जरुर दे दीं. एही चलते तीन दिन बाद एकरा के जोड़नी ह जब खाता देखला पर पता चलल ह.


संस्तुति

हेल्थ इन्श्योरेंस करे वाला संस्था बहुते बाड़ी सँ बाकिर स्टार हेल्थ एह मामिला में लाजवाब बा, ई हम अपना निजी अनुभव से बतावतानी. अधिका जानकारी ला स्टार हेल्थ से संपर्क करीं.
शेयर ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले जरुरी साधन चार्ट खातिर ट्रेडिंगव्यू
शेयर में डे ट्रेडिंग करे वालन खातिर सबले बढ़िया ब्रोकर आदित्य बिरला मनी
हर शेेयर ट्रेेडर वणिक हैै - WANIK.IN

Categories

चुटपुटिहा

सुतला मे, जगला में, चेत में, अचेत में। बारी, फुलवारी में, चँवर, कुरखेत में। घूमे जाला कतहीं लवटि आवे सँझिया, चोरवा के मन बसे ककड़ी के खेत में। - संगीत सुभाष के ह्वाट्सअप से


अउरी पढ़ीं
Scroll Up